टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

01 जून 2024 के राशिफल

08:28 AM Jun 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-01/06/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

सबेरे के 07 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सनीचर।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 03 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद रेवती।

प्रीति जोग

दिन के 03 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/06/2024

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 02 बजके 41 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रेवती नक्षत्र

रात के 01 बजके 40 मिनट ले।

वैधृति जोग

दिन के 12 बजके 11 मिनट ले।

बव करण।

 

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

नाया काम के मवका मिली। फसीला लेवे के छमता बढ़ी। वाद-विवाद से फरका रहीं। सबका संगे तालमेल बइठा के राखीं। मेहरारू के स्वास्थ में परेसानी आ सकत बा। सावधानी बरतीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

यश आ सम्मान के प्राप्ति होई। संघतिया लोग के मदद मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। मन खुश रही। कवनो बड़ ममिला में फसीला ले सकेनी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

आज के दिने सकरात्मक काम होई। बाकिर भरपूर लाभ ना मिल सकी। कुछ नाया जिम्मेदारी हाथे लागी। बेवसायिक गतिविधि आगा बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

काम में बाधा आ सकता बा। भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के धेयान राखे के बा। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आपन प्रतिभा से सबका के अपना ओर खिचेम। जगे बदले आ पद में उन्नति के जोग बन रहल बा। पढ़ाई-लिखाई के क्षेत्र में सफलता मिली। स्वास्थ निमन रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जानकारी प्राप्त करे ला उत्सुक रहेम। कहीं से कवनो शुभ समाचार मिली। बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। जीवन साथी के साथ भेंटी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेवसाय के संगे-संगे आउर काम में जागरूकता रही। बेवहार में बदलाव आ सकत बा। रउआ आपन प्रतिभा के निखरे ला बेहतर कोसिस करेम। स्वास्थ के धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धन लाभ होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। राउर बेवहार से बहुत लोग प्रभावित होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नाया जिम्मेदारी मिली, ओकर लाभ उठाई। पारिवारिक जिनगी में अशांति रही। कुछ तनाव हो सकत बा। भाग-दउर रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सतर्क रही, रउआ नुकसान पहुंच सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बांचल काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई।
Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article