For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

01 सितंबर 2024 के राशिफल

09:41 AM Sep 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
01 सितंबर 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-01/09/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सबेरे के 05 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद अमावस्या।

दिन- अमावस्या।

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 09 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

परिघ जोग

दिन के 05 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव योग ।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/09/2024

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

संपूर्ण।

दिन- सोमार।

मघा नक्षत्र

रात के 12 बजके 20 मिनट ले।

शिव जोग

सांझ के 06 बजके 19 मिनट ले।

चतुष्पद करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

भाग्य उदय के समय बा। समय पs अवसरन के लाभ लीं। बेरोजगारन के नौकरी मिल सकेला। रउआ जेकरा से भेंट कइल चाहत बानी ऊ खुद रउआ से आके मिल सकेला। राजकार्य में बाधा आ सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

राजनैतिक संबधन में मजबूती आई। धन के निवेश में लाभ मिली। बेयपार विस्तार में अनुभवी लोगन के मार्ग दर्शन जरूर लिहीं। आजीविका खातिर कर्जा लेवे के पड़ सकत बा। पारिवारिक समारोह में सामिल होखेम।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

साझेदारी से लाभ होई, नाया गाड़ी किने के मन बनी, काम के जगे पs प्रशासनिक परेसानी आ सकेला, दूध के वेयपारियन खातिर समय बेहतर इस्तिथी के निर्माण करी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मान आ प्रतिष्ठा बढ़ी, बाकिर लालच नुकसान के कारण बन सकेला, सहकर्मियन से ताल मेल ना बइठी, इंटरव्यू में सफलता के बावजूद नियुक्ति पत्र ना मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राउर जिद्दी बेवहार से अधिकारी नाराज हो सकेला लो। काम मे बाधा के संभावना के बीचे वैवाहिक निर्णय लेवे में असमर्थ रहेम। दिल के सुनी कि दिमाग के एह उलझन में घिरल रहेम।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

समय पs काम कइल सीखीं। धेयान रहे काल्ह कबो ना आवेला आज के काम आज करेम तs आर्थिक लाभ होई। जादे धन के लालसा मत करीं। तनिका समय धार्मिक क्रियो दिही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेवसाय में मंदी के दौर के बीचे धीरज से काम लिहीं, निर्णय लेवे में जल्दबाजी मत करीं। संतान के बियाह ला चिंतित रहेम, आजीविका खातिर यात्रा होई, वाहन सुख मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

समाज में राउर कामन के प्रशंसा होई, विरोधी परास्त होई लो, बाकिर अध्ययन में रुचि कम रही, समय से पहिले आ भाग्य से बेसी केहू के कुछ ना मिले, जवन मिले ओमे संतुष्ट रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

दिन के सुरुआत में आलस रही, जीवनसाथी आ परिवार में चुनाव के लेके असमंजस में रहेम, अपना ईष्ट पs पूरा विस्वास राखी परिणाम अनुकूल होई, संत दर्शन संभव बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

सोचल काम समय पs पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी, संतान के उन्नति से मन खुश होई, मकान आ दोकान बदले के जोग बा, आध्यात्म में मन लागी, बियाह में आ रहल अड़चन दूर हो सकेला।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

प्रशासन से जुड़ल लोग पदोन्नति पा सकेला, बेवसाय में नाया प्रस्ताव लाभदायक रही, परिजन लोग के सहजोग रही, लईकन के जरूरत पूरा करे में धन खर्च होई, माई-बाबुजी के संगे समय बीती।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

दिन के सुरूआत में व्यस्तता रही, कारोबार में सफलता मिली, भाग्य में प्रबलता रही, दूर स्थान से संदेश मिली, देव दर्शन आ निजी काम में समय बीती।

Tags :
Advertisement