For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

02 जनवरी 2024 के राशिफल

01:14 AM Jan 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
02 जनवरी 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-02/01/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 05 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- मंगर।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 11 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी।

सौभाग्य  जोग

भोर के 05 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/01/2024

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 07 बजके 48 मिनट ले।

दिन- बुध।

उत्तर फाल्गुनी  नक्षत्र

दिन के 02 बजके 46 मिनट ले।

शोभन जोग

सबेरे के 06 बजके 20 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रही। रउआ कइयन दिनन से चलल आ रही स्वास्थ समस्या से राहत महसूस करेम। राउर मन प्रसन्न रही। रउआ कवनो नया बाकिर बड़ काम सुरू कs सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में रउआ लाभ प्राप्त होई । परिवार के पूरा सहजोग मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन राउर उतार-चढ़ाव वाला रही। अपना बोली पs संयम रखीं। कवनो परिचित से विवाद हो सकत बा। बेवसाय-बेयपार में रउआ अपना पार्टनर से धोखा मिल सकत बा। परिवार में केहू अपना के स्वास्थ बिगड़ सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन सानदार निकले वाला बा। राउर स्वास्थ ठीक रही। परिवार में मांगलिक काम होई। बेयपार-बेवसाय में रउआ कवनो परिचित व्यक्ति से लाभ प्राप्त होई। आज कवनो बड़ डील भा समझौता कs सकत बानी। कवनो धार्मिक यात्रा पs आज जा सकत बानी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज काम के ममिला में रउआ कवनो बड़ जोखिम मत उठाई। मिलजुल के कवनो नया काम सोच विचार के करीं। बेयपार में नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। वाणी पs संयम रखीं। विवाद से खुद के दूर रखीं। पत्नी के स्वास्थ के लेके चिंतित रहेम।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सानदार रही। परिवार आ समाज में मान सम्मान के बढ़न्ती होई। कवनो परिचित से भेंट होई। बेयपार-बेवसाय में कवनो बड़ निर्णय रउआ ले सकत बानी। कार्यक्षेत्र में बड़ निवेश कs सकत बानी। विरोधियन से सतर्क रहीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही। बेयपार-बेवसाय में अपना सहजोगी से धोखा मिल सकत बा। कवनो बड़ लेन देन आज बेयपार में मत करीं। ना तो हानि हो सकत बा। जतरा के दौरान वाहन संभार के चलाई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही। कवनो नया सामान किन सकत बानी। आज स्वास्थ में सुधार होई। परिवार आ समाज में मान सम्मान बढ़ी। बेयपार में नया साझेदारी से कवनो बड़ काम सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन उतार-चढ़ाव वाला रही। विवाद से खुद के दूर रखीं। कवनो नया काम आज सुरू मत करीं। बेवसाय में हानि उठावे के पड़ सकत बा। आज राउर मन अशांत रही। स्वास्थ राउर बिगड़ सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा गुजरी। रुकल काम पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। पुरान साथी से मिलल होई। कवनो नया काम आज रउआ सुरू कs सकत बानी। परिवार में कवनो बियाह संबंध तय हो सकत बा। पत्नी के सहयोग आ प्रेम प्राप्त होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज राउर मन प्रसन्न रही। आज रउआ अपना प्रिय से मिल सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में रउआ नया साझेदारी सुरू कs सकत बानी। परिवार में मान सम्मान बढ़ी। कवनो व्यक्ति विशेष से मिलल होई। पत्नी से मतभेद खत्म होई। धार्मिक जतरा पs जा सकत बानी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना बोली पs नियंत्रण रखे के होई। विवाद से दूर रहीं। पारिवारिक जिनगी में उतार चढाव के स्थिति बनी। रउआ कवनो काम के सिलसिला में कवनो विशेष व्यक्ति से मिल सकत बानी, बाकिर काम पूरा होखे में संदेह बा। पत्नी से संबंध मधुर होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली। मन अशांत रही। आज रउआ बेयपार आदि में बड़ डिसीजन मत लीं। पारिवारिक कलह के कारण मन दुखी रही। कवनो काम खातिर रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा। अपना स्वास्थ के ख्याल रखीं। वाहन चलावत घरी सावधानी बरतीं।

Tags :
Advertisement