For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

02 अक्टूबर 2024 के राशिफल

09:21 AM Oct 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
02 अक्टूबर 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-02/10/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

रात के 12 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- बुध।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 12 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात के 03 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

चतुष्पद करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/09/2024

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात के 02 बजके 58 मिनट ले।

दिन- बियफे।

हस्त नक्षत्र

रात के 03 बजके 32 मिनट ले।

इन्द्र जोग

भोर के 04 बजके 24 मिनट ले।

किस्तुघन करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर स्वास्थ मध्यम रही। रउआ प्रेम आ संतान के साथ मिली,जवना से बेयपार निम्मन रही। जमीन, घर आ वाहन के खरीददारी हो सकेला। आज के दिने भावना में बहके कवनो निर्णय मत लीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिने राउर कइल गइल मेहनत सार्थक होई। राउर बेवसायिक सफलता के जोग बनी। राउर आपन प्रेम आ संतान के साथ मिली। आज के दिने घर में कलह के सुरुआत मत करीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिने धन के आवाग बढ़ी, जवना से राउर आर्थिक स्तिथी मजबूत होई। भ्रामक समाचार के प्राप्ति होई। राउर मन परेसान रही। आज के दिने संतान से दूरी मत बढ़ाई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिने रउआ बेवसायिक सफलता मिली। नाया प्रेम के आगमन हो सकेला। राउर स्वास्थ के स्तिथि निम्मन रही। संतान पक्ष से सुभ समाचार के प्राप्ति होई। आज के दिने कहीं पूंजी के निवेश ना करी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन राउर रुकल काम चल सकी। राउर आय के नया रस्ता बनी। राउर प्रेम आ संतान के स्तिथी मध्यम रही। पूजा-पाठ में राउर मन लागी। आज के दिने बेसी खरच मत करीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने राउर प्रेम में कलह होखे के संभावना बा। संतान से तनिका दूरी होई। राउर स्वास्थ में सुधार होई। धन के आगमन बढ़ी। बेयपार के स्तिथि निम्मन रही। आज के दिन जादे सोच के शिकार ना बनी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने रउआ जीवन साथी के सानिध्य मिली। रोजी-रोजगार में रउआ तरक्की करी। रउआ अपना क्रोध प नियंत्रण राखी। राउर संतान के स्तिथी मध्यम रही। आज के दिन अपना उच्चाधिकारी से ना उलझी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ शत्रु प भारी पड़ी। राउर रुकल काम चल पड़ी। बेयपार आ प्रेम के पूरा साथ मिली। राउर स्वास्थ के स्तिथि निम्मन रही। आज के दिने संतान के स्वास्थ प धेयान दीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिने भावुक बनल रहेम, बाकिर अपना क्रोध प लगाम राखीं। स्वास्थ आ प्रेम के स्तिथी मध्यम रही। बेयपार के स्तिथी बढ़िया रही। संतान के साथ मिली। आज के दिने कवनो नाया सुरुआत मत करीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिने नाया प्रेम के जिनगी में आगमन होई। रउआ भौतिक सुख-सम्पदा में बढ़न्ती होई। राउर स्वास्थ प्रभावित रही, बाकिर जीवन साथी के सानिध्य मिली। आज के दिने मां के स्वास्थ के लेके लापरवाही मत बरतीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बेवसायिक सफलता के जोग बनी। रुकल काम आगा बढ़ी।शुभता के प्रतीक बनल रहेम। प्रेम आ संतान के साथ मिली। स्वास्थ के लेके लापरवाही मत बरतीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक स्तिथी मजबूत होई। राउर रुकल धन वापस मिली। आय के नया श्रोत बनी। प्रेम आ संतान के साथ मिली। आज के दिने केहू के रुपिया उधार मत दीं।

Tags :
Advertisement