टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

04 सितंबर 2024 के राशिफल

09:11 AM Sep 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-04/09/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष प्रतिपदा

तिथि- प्रतिपदा

सबेरे के 09 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन-बुध ।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

समस्त ।

साध्य जोग

रात के 08 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ योग ।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/09/2024

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया।

दिन के 12 बजके 21 मिनट ले।

दिन- बियफे

चित्रा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 14 मिनट ले।

शुभ जोग

दिन के 09 बजके 07 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पत्नी से कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। नौकरी में वरिष्ठ अधिकारियन के मदद से प्रमोशन मिल सकेला। बेयपार में आमदनी में बढ़न्ती होई। योजना में बड़ बदलाव हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पति-पत्नी के बीचे तनाव हो सकत बा। विदेश में काम करत नौकरीपेशा लोगन खातिर दिन सुभ बा। पढ़ाई में रुचि बढ़ी। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिल सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

घर परिवार में कवनो धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकेला। माई के स्वास्थ में बाधा रही। बेवसाय सुरू करे के योजना में सफलता मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जिनगी में नया संघतिया के आगमन हो सकेला। भौतिक सुख सुविधा के चीझन पs खरचा होई। बेवसाय से जुडल नाया योजना बना सकत बानी। प्रेम जिनगी सुख से भरल रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सुभ रही। मन में प्रसन्नता रही। आर्थिक रुप से स्तिथि बेहतर होई। पढ़ाई में मन लागी। संघतिया लोगन के समय बिताइब।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज कारोबार के इस्तिथी तनिका डगमगा सकेला। पार्टनर के संगे कहीं घूमे-फिरे के मौका मिल सकेला। नौकरी में अधिकारियन के सहजोग मिली। अपना गुस्सा पs काबू राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खान-पान के खेयाल राखीं ना तs स्वास्थ खराब हो सकेला। परिवार के प्रति जिम्मेदारियन के नजरंदाज मत करीं। समाज में मान-सम्मान बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बेवसाय में कवनो फसीला बेसी आत्मविश्वास के संगे मत लीं। आलस से बांची। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। विदेश यात्रा के जोग बनत लउकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नौकरी से जुड़ल परेसानी के हल निकली। कानूनी कामन में सफलता मिली। सेहत के खेयाल राखीं। मन में कवनो बात के लेके बिना मतलब भय पैदा हो सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

ससुराल पक्ष से कवनो तरे के लाभ मिल सकेला। रिश्तेदारन से संबंध बेहतर होई। नौकरी में लाभ मिले के जोग बन रहल बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। बेयपारियन के निम्मन मुनाफा मिल सकेला। वरिष्ठ अधिकारियन से सम्मान मिली। आर्थिक स्तिथि बढ़िया रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

दफ्तर में राउर पर्दशन बेहतर होई। घरवालन के संगे कवनो लमहर दूरी के जतरा पs जाये के मौका मिल सकेला। काम करीं। बोली के प्रभाव से लाभ कमाए के मौका मिली।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article