टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

05 जनवरी 2023 के राशिफल

09:25 AM Jan 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-05/01/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 11 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

चित्रा नक्षत्र

रात के 07 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

सबेरे के 06 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति योग जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 06/01/2024

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 42 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

स्वाति नक्षत्र

रात के 09 बजके 32 मिनट ले।

धृति जोग

सबेरे के 06 बजके 10 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज नौकरी में प्रमोशन मिल सकत बा। कानूनी ममिला में लाभ मिले वाला बा। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। रिश्तन में निकटता आई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

रउआ खुद के सेहतमंद महसूस करेम। राउर काम समय से पूरा होई। संगही रउआ अपना मेहनत के फल जरूर मिली। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। रचना के कोसिस सफल होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कुछ वित्तीय बाधा के अप्रत्याशित खर्च के रूप में महसूस कइल जा सकता बा। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। रिश्तन में निकटता आई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। भावुकता में नियंत्रण रखीं। बेकार के भाग-दउर रही। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाईं। धन के इस्थिति कमजोर लउकी, एकरा के मजबूत बनावे के प्रयास करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर दिन मिलल-जुलल रही। रउआ कवनो पारिवारिक समारोह में जा सकत बानी। जतरा देशाटन के इस्थिति सुखद रही। कवनो काम के पुरा होखला से आत्मविश्वास बढ़ी। रचना के कोसिस सफल होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के जगे पs अचानक विकास होई आ ई बदलाव रउआ पक्ष में होई। रिश्तन में मजबूती आई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज मेहरी के संगे तनिका अनबन होखे से राउर मानसिक चिंता तनिका बढ़ सकत बा। शासन सत्ता के सहजोग रही। निजी संबंध प्रगाढ़ होई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के कोसिस सफल होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज राउर रूकल पईसा वापस मिलला के संभावना बा। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। रुकल काम पूरा होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज खरचा के अधिकता रही बाकिर आमदनी सीमित रही। मानसिक तनावन के हावी मत होखे दीं। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। मौसम के रोग से प्रभावित हो सकत बानी। संतान के दायित्व के पूर्ति होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

निजी संबंधन के लिहाज से आज के दिन प्रतिकूल साबित हो सकत बा। आज रउआ अपना भावना आ टेंशन के बढ़िया से शेयर कs सकेम। जीवनसाथी के सहजोग मिली। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ लोगन के अपना योजनन से सहमत कs लेम। घर पs कवनो रिश्तेदार के आवे से परिवार में खुसी के माहौल बनल रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। बेकार के भाग-दउर रही। रचना के कोसिस सफल होई। जतरा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

काम के जगह पs रउआ सानदार प्रदर्शन करेम आ  उत्साह के संगे काम करेम। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। दोसरा केहू से सहजोग लेवे में सफल होखेम। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

Tags :
astrologyBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलएस्ट्रोलॉजीभोजपुरी राशिफलराशिफलहोरोस्कोप
Advertisement
Next Article