टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

06 दिसंबर 2023 के राशिफल

09:28 AM Dec 06, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-06/12/2023
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 03 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- बुध।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर हस्त।

प्रीति जोग

रात के 11 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/12/2023

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

भोर के 05 बजके 06 मिनट ले।

दिन- बियफे।

 हस्त नक्षत्र

समस्त।

आयुष्मान जोग

रात के 12 बजके 00 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन भाग-दउर से भरल रही। बेकार के काम में रउआ उलझल रहेम। राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। बेयपार-बेवसाय में हानि उठावे के पड़ सकत बा। परिवार में आपसी मतभेद बढ़ी। संपत्ति विवाद उभर के सामने आई। वाणी पs संयम रखीं आ वाद-विवाद से दूर रहीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना स्वास्थ में गिरावट महसूस करेम। कवनो विशेष बात के लेके रउआ आज मानसिक तौर से परेसान रह सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया काम आज सुरू मत करीं। संगही बेयपार में कवन बड़ जोखिम मत उठाई। परिवार में पत्नी से मतभेद हो सकत बा। भाई-भतीजा से कवनो बात के लेके विवाद बन सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना परिवार के संगे कहीं बाहर घूमे जा सकत बानी। स्वास्थ ठीक रही। बेयपार-बेवसाय में आर्थिक लाभ प्राप्त होई। कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कामन के जोग बनी। कवनो नया वाहन, मकान आदि किन सकत बानी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन राउर बहुत अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो विशेष काम के लेके बाहर के जतरा पs जा सकत बानी। न्यायालय पक्ष में विजय प्राप्त होई। बेयपार-बेवसाय में आय के नया स्रोत बनी। परिवार में मान-सम्मान बढ़ी। कवनो बड़ डिसीजन आज परिवार के हित में रउआ ले सकत बानी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज रउआ लमहर जतरा पs जा सकत बानी। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरतीं। स्वास्थ में गिरावट महसूस करेम। बेयपार-बेवसाय में पार्टनर से धोखा मिल सकत बा। कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी, ओमे बेवधान आई। परिवार में लोग रउआ विरोध में आ सकत बा। पुत्र-भाई से मतभेद बढ़ सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही। कवनो अज्ञात भय मन में बनल रही। परिवार में केहू आपन के स्वास्थ बिगड़ सकत बा। बेयपार-बेवसाय में घाटा उठावे के पड़ सकत बा। केहू आपन के बेवहार से रउआ परेसान हो सकत बानी। परिवार में माहौल रउआ विपरीत रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ कवनो बहुत पुरान मित्र से मिल सकत बानी। जेकरा से मन प्रसन्न रही। कवनो रुकल काम आज पूरा होई। कवनो विशेष व्यक्ति से आज रउआ मिल सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में लाभ के जोग बनी। परिवार में राउर मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। कवनो नया वाहन आदि किन सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। बहुत दिन से जवना काम के सोच रहल बानी, कवनो विशेष व्यक्ति के माध्यम से आज राउर उ काम पूरा होई। स्वास्थ ठीक रही। बेयपार-बेवसाय में आर्थिक लाभ होई। कवनो नया काम के योजना बनी।परिवार में अपनन के सहजोग प्राप्त होई। पत्नी से मतभेद दूर होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ कवनो बेकार के उलझन में फस सकत बानी। कवनो षड्यंत्र के रउआ शिकार बन सकत बानी। विरोधी वर्ग सक्रिय रही। स्वास्थ में आज रउआ गिरावट महसूस करेम। बेयपार-बेवसाय में रुकावट प्रतीत होई। कवनो अपरिचित व्यक्ति के बड़ धनराशि उधार मत दीं। परिवार में पैतृक संपत्ति के लेके वाद-विवाद बन सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही। आज केहू अपना के दुखद समाचार रउआ प्राप्त होई। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरतीं। लमहर जतरा आदि पs जाये से बचीं। बेयपार-बेवसाय में आज कवनो बड़ जोखिम मत उठाई। काम के क्षेत्र में परिवर्तन कइल आज रउआ खातिर ठीक ना होई। परिवार में लोग रउआ विरोध में आ सकत बा। मान-सम्मान में कमी आई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर दिन अच्छा रहे वाला बा। स्वास्थ में लाभ प्राप्त होई आ मन प्रसन्न रही। कवनो रुकल काम पूरा होई। बेयपार-बेवसाय में कवनो विशेष व्यक्ति के माध्यम से कवनो बड़ डील भा बड़ काम रउआ मिल सकत बा। परिवार में मांगलिक आयोजन होई। परिवार के लोग रउआ संगे अनुकूल रही। आज परिवार के संगे कहीं बाहर घूमे फिरे जा सकत बानी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सानदार रही। रउआ अपना जिनगी में कवनो बड़ डिसीजन ले सकत बानी, जवना के लाभ रउआ भविष्य में दिखाई पड़ी। स्वास्थ ठीक रही। वाणी पs संयम रखीं आ वाद-विवाद से दूर रहीं। बेयपार-बेवसाय में बड़ लाभ प्राप्त होई। रुकल धन प्राप्त होई। परिवार के संगे कवनो धार्मिक जतरा पs आज जा सकत बानी।

Tags :
astrologyBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलएस्ट्रोलॉजीभोजपुरी राशिफलराशिफलहोरोस्कोप
Advertisement
Next Article