टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

09 अक्टूबर 2024 के राशिफल

07:31 AM Oct 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-09/10/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 12 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- बुध।

मूल नक्षत्र

भोर के 05 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

सौभाग्य जोग

सबेरे के 06 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 10/10/2024

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 12 बजके 32 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 05 बजके 41 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

भोर के 04 बजके 36 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

ऑफिस के काम जिम्मेदारी से करीं। बेयपार में उत्तम धन लाभ होई। घर में उत्साह के माहौल रही। जुवा वर्ग के नौकरी के ऑफर मिल सकत बा। बेवसाय में निवेश खातिर आज के दिन शुभ बा। जीवन साथी के तरफ उपहार मिल सकत बा। जतरा आ देशाटन के स्तिथि सुखद आ उत्साह बढ़ावे आला होई। संतान के बेवहार से चिंता हो सकेला। संबंधित अधिकारी के सहजोग रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर शानदार रहे वाला बा। नौकरी के नाया ऑफर मिल सकत बा। बेवसाय के लेके कइल गइल योजना लाभदायक होई। राजनीतिक क्षेत्र से जुड़ल लोगन के पद मिल सकत बा। प्रेमी जोड़ा लमहर यात्रा प जा सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो गुड न्यूज़ मिल सकत बा। परिवार में धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। संतान के तरफ से निम्मन खबर मिल सकत बा। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। जतरा प जाये के योजना बन सकत बा। जीवनसाथी से अनबन हो सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

धार्मिक कामन के प्रति लगाव होई। सामाजिक कामन में बढ़ चढ़के हिस्सा लेम। बेवसाय में निवेश करे खातिर आज के दिन उत्तम बा। माई-बाबूजी के स्वास्थ के खेयाल राखीं। जीवन साथी के तरफ से निम्मन खबर मिल सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम में आइल बाधा से परेसान हो सकत बानी। रहन-सहन असंतुलित रही। वाद-विवाद से बांची। कानूनी ममिलन में फंस सकत बानी। बेवसाय में निवेश करे से पहिले सोच विचार लीं, नुकसान हो सकत बा। जीवन साथी से खटपट हो सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ बहुत सतर्क रहला के जरूरत बा। बेवसाय में नुकसान हो सकत बा। ऑफिस में टारगेट पूरा ना होखला से परेसान हो सकत बानी। जरूरी ना होखे त जतरा करे से बांची। जीवन साथी के स्वास्थ खराब हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने रउआ मध्यम रूप से फलदायी रहे वाला बा। सरकारी नौकरी के तइयारी कर रहल जुवा लोगन के निम्मन खबर मिल सकत बा। साँझ के परिवार के संगे शॉपिंग प जाये के प्लान बना सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। घर में मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। कवनो काम के पूरा होखला से मन खुस रह सकेला।  बेवसाय में निवेश करे खातिर आज के दिन शुभ बा। लवमेट के तरफ से कवनो उपहार मिल सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। धार्मिक कामन में मन लागी। भौतिक सुख सुविधा में बढ़न्ती होई। बेवसाय में निवेश करे से पहिले विशेषज्ञन से राय मशवरा लीं। जीवन साथी के संगे घूमे जाये के प्लान बना सकत बानी। बेवसाय में धन लाभ क जोग बन सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत शानदार रहे वाला बा। आज राउर कवनो लमहर समय से अटकल काम पूरा हो सकत बा। संघतिया के तरफ से कवनो तोहफा मिल सकत बा। प्रेमी के संगे फिलिम देखे के योजना बन सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। घर में धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। आज राउर सामाजिक पद प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। नौकरी में इंक्रीमेंट लगला से मन खुस रही। जीवन साथी के स्वास्थ के खेयाल राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

नया बेवसाय सुरू करे खातिर आज के दिन शुभ रही। घर में रिश्तेदारन के आगमन हो सकत बा। सरकारी नौकरी के तइयारी कर रहल जुवा करियर संबंधित निम्मन खबर मिल सकत बा। जीवन साथी के भावना के खेयाल राखीं।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article