टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राम मंदिर में हर महीने आ रहल बा 1 करोड़ के चढ़ावा, बाकिर नित्‍य दर्शन पास के क्रेज नइखे, अबही तक खाली 200 जारी

09:26 AM Aug 12, 2024 IST | Sonu Kishor
Glimpses of Pran Pratishtha ceremony of Shree Ram Janmaboomi Temple in Ayodhya, Uttar Pradesh on January 22, 2024. PM presents on the occasion.
Advertisement

हाल ही में मंदिर ट्रस्ट कार्यालय से दैनिक दर्शन पास जारी कइल गइल। उम्मीद रहे कि एह सब के मांग होई बाकिर अबही तक मात्र 200 पास जारी भइल बा। एकरा बारे में ट्रस्ट के ओर से कहल गइल कि शायद लोग के एकरा बारे में जानकारी नइखे।

Advertisement

अयोध्या : अयोध्या के लोग राम मंदिर में रामलाला के दर्शन करे के जोश नइखे देखावत। इस्थिति इ बा कि अबही ले मंदिर से रोजाना दर्शन खाती मात्र 200 पास जारी भइल बा। मंदिर ट्रस्ट कार्यालय के प्रभारी प्रकाश गुप्ता बतवले कि अयोध्या के संत अवुरी आम नागरिक खातिर सुगम दर्शन पास 18 जुलाई से जारी करे के फैसला भइल बा। एही बीच दुनो कार्यालय से मात्र 200 पास जारी भइल बा।

प्रकाश गुप्ता कहले कि इ पास अयोध्या के लोग खाती 6 महीना से जारी भइल बा। हालांकि उम्मीद के उलट बहुत कम लोग एकरा में रुचि देखवले बाड़े। उ बतवले कि जेकरा पास जारी भइल बा उहो रोज दर्शन खातिर नइखन आवत।

बहुत लोग के पता नइखे

प्रकाश गुप्ता कहले कि अबही बहुत लोग के नित्य दर्शन पास के सुविधा के बारे में जानकारी नइखे। अइसना में भी बहुत लोग के पास नइखे बनल। उऽ बतवले कि रोजाना दर्शन पास के संगे महीना में कम से कम 20 दिन दर्शन होखल जरूरी बा। उ कहले कि 6 महीना खातिर जारी पास के समीक्षा कइल जाई। जदि पास धारक रोज दर्शन खातिर नइखन गइल तऽ पास रद्द कर दिहल जाई। उ बतवले कि बच्चा लेके चलेवाला बुजुर्ग आ महिला के सुगम दर्शन के सुविधा बा।

1 करोड़ रुपया के महीना के चढ़ावा आ रहल बा

प्रकाश गुप्ता बतवले कि मंदिर में हर महीना करीब एक करोड़ रुपया के चाढ़ावा आवत बा। चढ़ावा जमा करे खातिर मंदिर में 6 गो काउंटर बनावल गइल बा। यात्री सुविधा केंद्र के अलावे मंदिर के दर्शन मार्ग आ दुनो ट्रस्ट के कार्यालय पs चंदा काउंटर लगावल गइल बा। उ बतवले कि जब दर्शन खातिर बहरी प्रांत से भीड़ बढ़ेला तऽ चढावा के रकम बढ़ जाला। मेला-त्योहार में स्थानीय भा पड़ोसी जिला से जब श्रद्धालु आवेले त चंदा के रकम कम रहेला। उ बतवले कि सावन झूला मेला में बहुत भीड़ आ रहल बा बाकिर ओकरा हिसाब से चंदा के राशि में बढ़ोतरी नइखे होखत।

Tags :
AyodhayaAyodhya news RAM MANDIRAyodhya Ram Mandir Newsdharm karamKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article