टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में 10 गो नया प्रोफेशनल कोर्स के होई पढ़ाई: विश्वविद्यालय विद्वत परिषद के बैठक में प्रस्ताव पास

09:32 AM Jun 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में कइयन गो नया प्रोफेशनल आ रोजगार से जुड़ल पाठ्यक्रमन के सुरू करे खातिर विद्वत परिषद के सहमति मिल गइल बा। बियफे के विद्वत परिषद के बैठक में एह नया प्रोफेशनल पाठ्यक्रम के सुरू करे के प्रस्ताव सर्वसम्मति से पारित कs दिहल गइल बा।

Advertisement

एह पाठ्यक्रमन के सुरू होखे से क्षेत्र के छात्र-छात्रा के जॉब मार्केट के मांग के मोताबिक पाठ्यक्रम के पढ़ाई करने के अवसर मिली। खास बात ई बा कि एह पाठ्यक्रमन के सुरुआत एही शैक्षणिक सत्र से सुरू होखे के पूरा संभावना बा। एमे करीब ढाई दर्जन स्नातकोत्तर स्तर के पाठ्यक्रम आ 10 सर्टिफिकेट स्तर के पाठ्यक्रम सामिल बा।

मास्टर इन इंडियन नॉलेज सिस्टम के होई पढ़ाई

'मास्टर ऑफ हिन्दूज स्टडीज एंड स्प्रिचुअल साइंसेज', 'मास्टर इन नैनो टेक्नोलॉजी', 'मास्टर इन इंडियन नॉलेज सिस्टम', 'मास्टर इन हेरिटेज एंड टूरिज्म', 'मास्टर इन बायोटेक्नोलॉजी', ' मास्टर इन माइक्रोबायोलॉजी', 'मास्टर इन फॉरेंसिक साइंसेज' आ 'मास्टर इन फूड एंड न्यूट्रिशन' सहित कइयन गो प्रोफेशनल पाठ्यक्रम सुरू कइल जा रहल बा।

एकरा अलावे सर्टिफिकेट पाठ्यक्रमन में 'सर्टिफिकेट कोर्स इन इंडियन नॉलेज सिस्टम', 'सर्टिफिकेट कोर्स इन योगा', 'सर्टिफिकेट कोर्स इन कर्मकांड एंड हिन्दू स्टडीज', 'सर्टिफिकेट कोर्स इन ह्यूमन राइट्स' आदि रोजगार परक पाठ्यक्रम सामिल बा।

बैठक में कुलसचिव प्रो. रणजीत कुमार, कइयन गो स्नातकोत्तर विभागाध्यक्ष आ प्राचार्य सहित विद्वत परिषद के आउर सदस्य उपस्थित रहे लो। धन्यवाद ज्ञापन कुल सचिव कइलें।

Tags :
10 new professional coursesAcademic CouncilBhojpuri NewsChhapra Newseducation newsJP UniversityProposal passed in the meeting of the University Academic Council
Advertisement
Next Article