For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में बिजली गिरला से 11 के मौत: MP-छत्तीसगढ़ में आज बरखा के अलर्ट, यूपी में गरमी से राहत

12:41 PM May 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार में बिजली गिरला से 11 के मौत  mp छत्तीसगढ़ में आज बरखा के अलर्ट  यूपी में गरमी से राहत
Advertisement

देस के कइयन राज्यन में आंधी बरखा आ बिजली गिरला के दौर जारी बा। बिहार में पिछला 24 घंटा में बिजली गिरला से 11 लोगन के मौत हो गइल। मौसम विभाग कहलस कि इहां आज 40-50 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चली।

Advertisement

एने उत्तर प्रदेश में मौसम करवट ले चुकल बा। सनीचर के सबेरही से प्रदेश के पूर्वी आ पश्चिमी दुनो हिस्सन में धूल भरल तेज झोंकेदार हवा के संगे कही हलका तs मध्यम बरखा देखे के मिलल। सनीचर के तरे आजो मौसम विभाग  कइयन जिलन खातिर आंधी-बरखा के अलर्ट जारी कइले बा।

मौसम विभाग आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, ओडिशा, तमिलनाडु, पुडुचेरी, केरल आ कर्नाटक में तेज बरखा के संभावना जतवले बा। ओहिजा, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़ आ महाराष्ट्र में बरखा आ ओला गिरे के अलर्ट जारी कइले बा।

एकरा अलावे झारखंड, पश्चिम बंगाल, बिहार, गुजरात, केरल, कर्नाटक, सिक्किम, अरुणाचल प्रदेश, असम, मेघालय, नगालैंड, मणिपुर, मिजोरम आ त्रिपुरा में हल्का बरखा होई। इहां धूलभरल आंधियों चली।

ओने, देस के कुछ राज्यन में गरमी के असर अभियो बरकरार बा। राजस्थान, ओडिशा, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, गुजरात, तेलंगाना में तापमान 40 से 43 डिग्री के बीच रिकॉर्ड कइल जा रहल बा। महाराष्ट्र के सोलापुर में सनीचर के सबसे जादे 43.5 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल।

Tags :
Advertisement