टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भाजपा के पांचवां लिस्ट में 111 नाम : मंडी से कंगना रनौत, मेरठ से अरुण गोविल, पुरी से संबित पात्रा के टिकट, पटना साहिब से रविशंकर प्रसाद के टिकट मिलल 

10:52 PM Mar 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भाजपा लोकसभा प्रत्याशियन के पांचवां लिस्ट जारी कs देले बिया। 111 प्रत्याशियन के एह सूची में हिमाचल प्रदेश के मंडी से कंगना रनौत, यूपी के मेरठ से अरुण गोविल, पुरी से संबित पात्रा के टिकट दिहल गइल बा। झारखंड के दुमका से सीता सोरेन, यूपी के गाजियाबाद से अतुल गर्ग, हरियाणा के कुरुक्षेत्र से नवीन जिंदल के आ पटना साहिब से रविशंकर प्रसाद के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के पीलीभीत से वरुण गांधी के टिकट कट गइल  बा। इहां से कांग्रेस से भाजपा में आइल जितिन प्रसाद के टिकट देके उतारल गइल बा। वरुण के मां मेनका गांधी के सुल्तानपुर से टिकट दिहल गइल बा। बदायूं से स्वामी प्रसाद मौर्य के बेटी के जगह दुर्विजय शाक्य के टिकट दिहल गइल बा।

देखीं प्रत्याशियन के सूची

 

 

 

 

 

 

 

 

 

एकरा पहिले अतवार के पूर्व वायु सेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल (रिटायर्ड) आरकेएस भदौरिया BJP जॉइन कइलें। दिल्ली में भाजपा के जनरल सेक्रेटरी विनोद तावड़े आ केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर उनका के भाजपा जॉइन करावल लो। भदौरिया के जन्म आगरा में भइल बा। ऊ बाह तहसील के कोरथ गांव के रहे वाला हवे।

ओहिजा, गाजियाबाद से केंद्रीय मंत्री वीके सिंह सांसद बाड़ें। वीके सिंह अतवार के देर सांझ चुनाव ना लड़े के ऐलान कइलें। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर जानकारी देलस।

अबकी बेर वीके सिंह के टिकट कट गइल बा। ऐलान से पहिलही ऊ चुनाव ना लड़े के घोषणा कइलें।

दूसरका ओर, कांग्रेस के पूर्व सांसद नवीन जिंदल पार्टी से इस्तीफा दे देलें। ऊ इस्तीफा के घोषणा के कुछ देर बाद दिल्ली में भाजपा जॉइन कs लेलें। जिंदल X पs कांग्रेस छोड़े के जानकारी देले रहस।

Tags :
111 names in BJP's fifth list: Kangana Ranaut from MandiArun Govil from MeerutBharatiya Janata PartyBhojpuri NewsBjpFitfth Candidate ListRavi Shankar Prasad's ticket from Patna Sahib.Sambit Patra's ticket from Puri
Advertisement
Next Article