टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

11 दिसंबर 2023 के राशिफल

06:54 AM Dec 11, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-11/12/2023
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

सबेरे के 07 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दर्शी।

दिन- सोमार।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 12 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

रात के 08 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/12/2023

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

सबेरे के 05 बजके 01 मिनट ले।

दिन- मंगर।

 अनुराधा नक्षत्र

दिन के 11 बजके 56 मिनट ले।

धृति जोग

रात के 06 बजके 51 मिनट ले।

चतुष्पद करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर उतार-चढ़ाव वाला रही। देह आ मन के पीड़ा से रउआ परेसान रहेम। कवनो काम में मन ना लागी। बेयपार के काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा। जतरा में सावधानी रखीं। बेयपार में नया काम अभी सुरू मत करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर समय अच्छा रही। आकस्मिक धन लाभ हो सकत बा। काम के क्षेत्र में मान-सम्मान प्राप्त होई। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया साझेदारी से बड़ काम सुरू कs सकत बानी। अपना लोगन के परेम आ सहजोग प्राप्त होई। मेहरारू के स्वास्थ के चिंता रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। सामाजिक क्षेत्र में आज रउआ मान-सम्मान प्राप्त होई। रूकल काम पूरा होई। प्रशासनिक काम में लागल व्यक्तियन के पदोन्नति मिल सकत बा। परिवार आ संघतिया लोगन के सहजोग मिली। आय में बढ़न्ती के जोग बन रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज बाहर कहीं जतरा पs जाई तs सावधानी रखीं। कवनो नया वाहन आदि आज मत किनी। परिवार में केहू के स्वास्थ के लेके रउआ चिंतित रहेंम। काम के अधिकता के कारण देह में दरद आ मन में तनाव बनल रही। बेयपार में धन के निवेश सोच-विचार के करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा, अच्छा रही रउआ डॉक्टर के सलाह पs चलीं। वाहन आदि चलावे में सावधानी बरतीं। काम के क्षेत्र में केहू के संगे बड़ लेन-देन आज मत करीं। कवनो पुरान विवाद के चलते मानसिक चिंता बनल रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर चेहरा पs प्रसन्नता बनल रही। काम के क्षेत्र में रउआ जवन मेहनत कइले बानी, ओमे आज रउआ सफलता मिलत देखाई दी। बेयपार में केहुओ पs जरुरत से जादे विश्वास कइल रउआ खातिर जोखिम भरल हो सकत बा। अपना लोगन के सहजोग मिली। कवनो पुराना विवाद ओराई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही। कवनो नया वस्तु किन सकत बानी। स्वास्थ में सुधार होई। परिवार आ समाज में मान सम्मान बढ़ी। बेयपार में नया साझेदारी से कवनो बड़ काम सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

वाहन आदि चलाने में सावधानी रखीं, ना तs आकस्मिक दुर्घटना के शिकार हो सकत बानी। कवनो परिचित से दुखद समाचार मिल सकत बा। पारिवारिक जिनगी में अपना लोगन से मतभेद उत्पन्न हो सकत बा। बेयपार-बेवसाय में बड़ जोखिम मत उठाई। अपना आ मेहरारू के स्वास्थ के धेयान रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बेकार के परेसानियन से गुजरे के पड़ी। वाद-विवाद के इस्थिति से रउआ दूर रहीं। मन अशांत रही। कवनो प्रिय से दुखद समाचार मिल सकत बा। बेयपार में हानि उठावे के पड़ सकत बा। कवनो नया वस्तु किनल एह समय अच्छा ना रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रहे वाला बा। कोर्ट-कचहरी आ प्रशासनिक काम में सफलता मिली। पुरान विवाद के खतम होखे से मन प्रसन्न रही। बेयपार-बेवसाय में कवनो विशेष व्यक्ति के सहजोग से नया काम मिली, जवना से लाभ प्राप्त होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के लेके परेसान रह सकत बानी, जवना कारण मन अशांत रही। परिवार के कवनो व्यक्ति से मनमुटाव हो सकत बा। अच्छा रही आज रउआ वाद-विवाद में मत उलझीं, ना तs अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा। बेयपार में उतार-चढ़ाव बनल रही। आज काम में रुकावट आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ वाहन आदि चलावे में सतर्कता बरतीं। कवनो काम विशेष के कारण संबंधियन से वाद-विवाद हो सकत बा। बेयपार में नया निवेश भा नया साझेदारी सोच-विचार के करीं। कर्मचारी वर्ग के अपना अधिकारियन से संबंध बिगड़ सकत बा। परिवार में केहू के स्वास्थ अचानक से बिगड़ सकत बा।

Tags :
astrologyBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलएस्ट्रोलॉजीभोजपुरी राशिफलराशिफलहोरोस्कोप
Advertisement
Next Article