For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

11वीं JPSC के तारीख के ऐलान..17 मार्च के पीटी :342 पदन खातिर नोटिफिकेशन जारी; 1 से 29 फरवरी तक कs सकी लो ऑनलाइन आवेदन

11:57 AM Jan 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
11वीं jpsc के तारीख के ऐलान  17 मार्च के पीटी  342 पदन खातिर नोटिफिकेशन जारी  1 से 29 फरवरी तक कs सकी लो ऑनलाइन आवेदन
Advertisement

झारखंड लोक सेवा आयोग सिविल सर्विस परीक्षा 2023 के विज्ञापन जारी कs देले बा। नोटिफिकेशन आयोग के वेबसाइट पs उपलब्ध बा।

Advertisement

कुल 342 पदन खातिर नियुक्ति परीक्षा लिहल जाई। ऑनलाइन आवेदन भरे के प्रक्रिया एक फरवरी से सुरू हो रहल बा। ई 29 फरवरी के सांझ पांच बजे तक जारी रही।

परीक्षा शुल्क के। भुगतान एक मार्च तक कइल जा सकी। प्रारंभिक परीक्षा के संभावित तिथि 17 मार्च रखल कइल गइल बा।

24 साल में सबसे जादे रिक्ति

अबकी बेर लिहल जाये वाला सिविल सेवा परीक्षा में अबतक जेतना परीक्षाएं लिली गइल बा, ओमे सबसे जादे सीट बा। 24 साल में 10 सिविल सेवा परीक्षा लिहल गइल, जेमे सबसे जादे पद 2023 के विज्ञापन में बा। पहिला सिविल सेवा में 64, दूसरका में 172, तीसरका में 242, चउथा में 219, पांचवीं सिविल सेवा में 277, छठा सिविल सेवा में 326 आ सातवां-दसवां सिविल सेवा के परीक्षा में 252 रिक्ति रहे।

रिक्तियन के स्वरूप

उपसमाहर्ता : 207

पुलिस उपाधीक्षक : 35

राज्य कर पदाधिकारी : 56

कारा अधीक्षक : दो

झारखंड शिक्षा सेवा (श्रेणी दो) : 10

जिला समादेष्टा : एक

सहायक निबंधक : 8

श्रम अधीक्षक : 14

प्रोबेशन पदाधिकारी : 6

उत्पाद निरीक्षक : 3

उमिर सीमा में एके बेर मिली छूट

जारी नोटिफिकेशन में कहल गइल बा कि कार्मिक, प्रशासनिक सुधार आ राजभाषा विभाग के ओर से जारी संकल्प के अनुसार उम्मीदवारन के अधिकतम उमिर के गिनती 1 अगस्त 2017 से कइल जाई। जबकि न्यूनतम उमिर के गिनती 1 अगस्त 2024 के आधार पs कइल जाई। नोटिफिकेशन में कहल गइल बा कि आयु सीमा में मिले वाला छूट के प्रावधान खाली 2023 के परीक्षा खातिर मान्य होई।

Tags :
Advertisement