टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

11 जून 2024 के राशिफल

12:26 AM Jun 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-11/06/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 05 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- मंगर।

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 11 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

व्याघात जोग

दिन के 04 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद हर्षण जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/06/2024

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

सांझ के 07 बजके 17 मिनट ले।

दिन- बुध।

मघा नक्षत्र

रात के 02 बजके 12 मिनट ले।

हर्षण जोग

सांझ के 05 बजके 15 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज नया विचारन से मन खुस रही। कवनो रुकल काम के करे के योजना बनी। काम के पूरा करे खातिर कवनो प्रभावशाली व्यक्ति के संपर्क में आयेम। विद्यार्थियन खातिर आज के दिन अच्छा रहे वाला बा, पढ़ाई में सफलता प्राप्त होई। हनुमान जी के पूजा कइला से मनोकामना पूरा होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन जातक खातिर खुशनुमा रही। वैवाहिक जिनगी में प्रेम, आदर आ स्नेह बढ़ी, संगही मानसिक चिंता रही। भाग मजबूत रही बाकिर माई-बाबूजी के स्वास्थ के नजरअंदाज मत करीं। काम के सिलसिला में नतीजा बेहतर रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन आर्थिक रूप से मजबूत रही आ स्वास्थ बेहतर रही। घर के बड़ लोगन के गोड़ छूके आशीर्वाद लीं, कामन के पूरा करे में आ रहल समस्यन के समाधान मिली, बिजनेस में सफलता के जोग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जातक के सतर्क आ सावधान रहे के चाहीं, कवनो अपने आदमी धोखा दे सकत बा। धन खर्च जादा होखला से आर्थिक परेसानी के अनुभव करेम, कर्जा लेवे के पड़ सकत बा। काम पs जाये के मन ना होई, आलस हावी रही। दुष्टजन हानि पहुंचा सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी आज खुशनुमा रहे वाला बा। काम के सिलसिला में बढ़िया नतीजा मिली। भाग्य प्रबल होई, कवनो रुकल काम होखे के सम्भावना बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

वैवाहिक जीवन में नीरस्ता महसूस करेम, समय ना देला के कारण विवाद हो सकत बा, उचित होई कि एक दूसरा से बात करत घरी समय संयम रखीं। स्वास्थ के लेकर लापरवाही मत बरती। महामृत्युंजय मंत्र का २१ बार जप करीं, मानसिक इस्थिति मजबूत होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज अपना भविष्य के लेके चिन्तित रहेम। डर के भ्रम महसूस कs सकत बानी। परिवारिक सम्बंधित ममिलन में चतुराई से निपटला के जरूरत बा। सम्पति निवेश रउआ के उमेद के मोतबिक लाभ ना दिला पाई। कवनो कठिन पेशवर इस्थिति में रास्ता निकाले में कामयाब रहेम। वाणी पs नियंत्रण रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन जातक ला लाभदायक रहे वाला बा। रउआ नौकरी में प्रशंसा आ पदोन्नति दुनो मिल सकत बा। विरोधियन पs रउआ भारी पड़ेम। सेहत मजबूत रही, जवना से लाना में सफलता मिलला के संभावना बढ़ जाई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज कवनो पुरान कानूनी विवाद सुलझ सकत बा। जीवनसाथी से कवनो शुभ समाचार मिलला से पूरा दिन मन प्रसन्न रही। सफलता प्रप्ति खातिर आज घर पs सत्यनारायण भगवान जी के पूजा करीं आ ॐ नमोः भग्वते वसुदेवाय् नमः मंत्र के जाप करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जातक के मन उदास रही, वाहन चलावत घरी सावधानी बरती। दूसरन पs अतिविश्वास मत करीं। प्रेम-प्रसंग में अनुकूलता रही। शिवजी पs दूध से अभिषेक करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज प्रेमी जोड़ा खातिर दिन अच्छा रहे वाला बा। नया योजना बनाएम। लोग रउआ से प्रभावित होई। जे लोग बियहल बा, ओकरा जिनगी में सुख बढ़ी आ जीवनसाथी के माध्यम से लाभ के जोग बनी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

धार्मिक कामन में बाझल रहेम। घर पs अलग- अलग पकवानन के आनंद उठाएम। आज रउआ कवनो नया काम सुरू करे के योजना बनायेम। रउआ ओह विषय से जुड़ल लोगन से संपर्क करेमे। आज रुकल कामन में सफलता मिली।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article