For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

13 जून 2024 के राशिफल

09:21 AM Jun 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
13 जून 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-13/06/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 09 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- बियफे

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

भोर के 05 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

वज्र जोग

दिन के 06 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्धि जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/06/2024

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 12 बजके 04 मिनट ले।

दिन- सुक।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

समस्त।

सिद्धि जोग

सांझ के 07 बजके 07 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रउआ सुखद समाचार मिली। जदि रउआ काम के तलाश में बानी, तs रउआ कार्यक्षेत्र में नया अवसर मिली। बेयपार में लाभ प्राप्त होई, मन प्रसन्न रही आ परिवार के सहजोग मिली। आज रउआ नया सामान किन सकत बानी। स्वास्थ ठीक रही। पारिवारिक माहौल अच्छा रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ मान-सम्मान के प्राप्ति होई। अपनन से संबंध मधुर होई। जदि कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, समय अनुकूल बा। बेयपार आदि में लाभ प्राप्त होई। कोर्ट-कचहरी आदि में चल रहल काम में विजय मिली। समाज में प्रतिष्ठा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन उतार-चढ़ाव वाला रह। स्वास्थ खराब हो सकत बा। आपसी वाद-विवाद होखे से मन अशांत रही। बोली पs लगाम रखीं। बेयपार में अस्थिरता दिखाई पड़ी, अपनन से हानि उठावे के पड़ सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ काम में अड़चन आई। प्रशासनिक कार्य में वाद-विवाद के इस्थिति बनी। जतरा आदि में सावधानी बरतीं। कवनो नया काम सुरू मत करीं। पार्टनरशिप में चल रहल काम में अपना साथी से धोखा मिल सकत बा। पत्नी से मतभेद होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर मन के काम पूरा होई। अपनो के पूर्ण सहजोग मिली। वाहन आदि चलावे में सतर्कता बरतीं। कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी। अपना संघतिया परिवार के सहजोग से पुरान चलल आ रहल विवाद खतम होखे से मन प्रसन्न रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बेकार के वाद-विवाद से दूर रहीं। परिवार में राउर विरोध बढ़ी। मान-सम्मान में गिरावट आई। कवनो नया काम सुरू कइल रउआ खातिर नुकसानदायक रही। शत्रुअन से सावधान रहीं। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज कवनो विशेष व्यक्ति से भेंट होई। मन प्रसन्न रही आ आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई। परिवार आ समाज के लोगन से मान-सम्मान प्राप्त होई। कवनो काम के लेके लमहर जतरा पs जाये के पड़ सकत बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ लमहर जतरा आदि पs मत जाई। वाहन से सावधान रहीं आ बेकार के काम में धन खर्च होई। वाद-विवाद के इस्थिति से काम के क्षेत्र में परेसानी उत्पन्न हो सकत बा। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं। बोली पs लगाम रखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर कवनो पुरान रुकल काम बन सकत बा। कवनो परिचित से धन लाभ प्राप्त होई। परिवार में मांगलिक काम होई। प्रशासनिक अधिकारी वर्ग वालन से विवाद मत करीं, हानि उठावे के पड़ सकत बा। आपन आ परिवार के स्वास्थ के धेयान रखीं

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सानदार रही। अपनन के सहजोग मिली आ बेयपार-बेवसाय में चलल आ रहल परेसानी खतम होई। पत्नी के स्वास्थ में सुधार होई। रउआ कहीं बाहर जतरा आदि पs जा सकत बानी। कवनो काम विशेष खातिर कवनो विशिष्ट व्यक्ति से मिले के होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ से परेसान रहेम, एहिसे खान-पान पs धेयान दीं। बेयपार में नया साझेदारी सोच-विचार कs के करीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा। अपनन से कवनो बात पs मतभेद उत्पन्न हो सकत बा। पत्नी के स्वास्थ खराब हो सकत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ जतरा में सावधानी बरती। वाहन मत चलाईं। बेकार के वाद विवाद में मत फंसी। कवनो परिचित व्यक्ति से धोखा उठा सकत बानी। बेयपार में परिवर्तन करे से रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली।

Tags :
Advertisement