For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

13 अक्टूबर 2024 के राशिफल

07:18 AM Oct 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
13 अक्टूबर 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक- 13/10/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 09 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- अतवार।

धनिष्ठा नक्षत्र

रात के 02 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

शूल जोग

रात के 09 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/10/2024

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

सबेरे के 06 बजके 41 मिनट ले।

दिन- सोमार।

शतभिषा नक्षत्र

रात के 12 बजके 42 मिनट ले।

गण्ड जोग

सांझ के 06 बजके 01 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेयपार में निवेश खातिर आज के दिन शुभ बा। नौकरी में तरक्की मिली। आत्म विस्वास के दम पs काम बनी। घर में कवनो मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकेला। जिनगी में कुछ नाया बदलाव आ सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

लमहर समे से चलल आ रहल काम में सफलता मिल सकत बा। स्वास्थ में उतार चढाव आई। घर में कवनो मेहमान के अइला से माहौल हल्का होई। धन के खर्चा बढ़ सकेला। संतान के तरफ से संतुष्ट रहेम।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेवसायी लोग के आज के दिने लाभ होई। अपना वाणी पs लगाम राखी। नौकरी पेशा लोगन के दफ्तर में प्रशंसा मिली। बियहल जिनगी में सुख-शांति बनल रही। विदेश यात्रा के जोग बन रहल बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज संतान के तरफ से कवनो शुभ समाचार मिल सकेला। आर्थिक स्तिथि बेहतर होई। विद्यार्थियन के अपना पढ़ाई पs धेयान देवे के जरूरत बा। दफ्तर में सहयोगियन के मदद मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज परिवार में राउर बातन के तवज्जो दिहल जाई। आर्थिक लाभ होई। मानसिक शांति खातिर दिनचर्या में जोग आ धेयान के शामिल करी। संघतिया लोगन से कवनो सरप्राइज मिल सकेला। बियाह से जुड़ल कवनो शुभ समाचार मिल सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने मिलल जुलल परिणाम मिली। विदेश में बेवसाय करे के जोग बन रहल बा। कवनो बात से मन अशांत हो सकेला। स्वभाव में क्रोध के अधिकता रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

नौकरी में प्रमोशन मिल सकेला। माई के सेहत के खेयाल राखीं। बेवसाय सामान्य रही। अपना स्वास्थ के लेके लापरवाही भारी पड़ सकेला। वाहन सुख संभव बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज धन संबंधी ममिलन में सफलता मिली। घर के लोगन संगे निम्मन समे बीती। दफ्तर के काम में भाग-दउर करे के पड़ सकेला। आपन भावना प्रेमी के बताई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज परिवार में तनिका मनमुटाव हो सकेला। दिन सामान्य रही। सेहत के खास खेयाल रखीं। नौकरी में तनिका परेसानी झेले के पड़ सकेला। बेवसाय में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

घर के लोग संगे तालमेल बढ़िया रही। जतरा करे के पड़ सकेला। कवनो दिल के इक्षा पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। आपन काम के क्षमता के दम पs वरिष्ठ अधिकारियन के प्रसन्न करेe सफल रहेम।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन में आशा निराशा के भाव जामी। साझेदारी में बेवसाय शुरू करे ला समे अनुकूल बा। प्रेमियन खातिर आज के दिन खास बा। अपना करीबियन के संगे समे बिताई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेवसाय के भाग-दउर से दूर होके आज आराम मिली। नाया नौकरी मिल सकेला। परिवार में कवनो अनबन हो सकेला। धन के मामिला में दिन शुभ बा।

Tags :
Advertisement