For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा से होके गुजरे वाली 14 गो ट्रेन रद्द: इंजीनियरिंग काम के लेके विभाग लेलस निर्णय, यात्रियन के होई परेसानी

09:32 AM Jan 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा से होके गुजरे वाली 14 गो ट्रेन रद्द  इंजीनियरिंग काम के लेके विभाग लेलस निर्णय  यात्रियन के होई परेसानी
Advertisement

रेल प्रशासन कावर से यात्री सुविधा में बढ़न्ती आ परिचालनिक सुगमता खातिर छपरा जं. के यार्ड रिमाडलिंग, छपरा जं.-गौतमस्थान के बीच नौ किमी तक दोहरीकरण आ विद्युतीकरण कार्य आ छपरा-छपरा कचहरी के बीच तीसरका लाइन के निर्माण कार्य कइल जा रहल बा।

Advertisement

एह कामन के कइल गइला के चलते पहिले से कइल गइल कुछ गाड़ियन के परिचालन रद्द कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

देखी रद्द ट्रेनन के सूची

  • छपरा कचहरी आ थावे से 09 से 16 जनवरी, 2024 तक चले वाली 05122/05123 छपरा कचहरी-थावे-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • छपरा कचहरी आ थावे से 09 से 16 जनवरी, 2024 तक चले वाली 05163/05164 छपरा कचहरी-थावे-छपरा कचहरी अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • छपरा से 10 से 16 जनवरी, 2024 तक चले वाली 05145 छपरा-सीवान अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • सीवान से 10 से 16 जनवरी, 2024 तक चले वाली 05153 सीवान-नकहा जंगल अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • गोरखपुर से 09 से 14 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15028 गोरखपुर-हटिया एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • हटिया से 10 से 15 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15027 हटिया-गोरखपुर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • वाराणसी सिटी से 09 से 14 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15112 वाराणसी सिटी-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • छपरा से 10 से 14 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15111 छपरा-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • कोलकाता से 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 13137 कोलकाता-आजमगढ़ एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • आजमगढ़ से 09 जनवरी, 2024 के चले वाली 13138 आजमगढ़-कोलकाता एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • सियालदह से 09 से 14 जनवरी, 2024 तक चले वाली 13105 सियालदह-बलिया एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • बलिया से 10 से 15 जनवरी, 2024 तक चले वाली 13106 बलिया-सियालदह एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • अहमदाबाद से 07, 10 आ 12 जनवरी, 2024 के चले वाली 19165 अहमदबाद-दरभंगा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • दरभंगा से 10, 13 आ 15 जनवरी, 2024 के चले वाली 19166 दरभंगा-अहमदाबाद एक्सप्रेस निरस्त रही।
Tags :
Advertisement