For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

15 मई 2024 के राशिफल

07:57 AM May 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
15 मई 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-15/05/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

समस्त।

दिन- बुध।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

वृद्धि जोग

सबेरे के 07 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/05/2024

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

सबेरे के 06 बजके 23 मिनट ले।

दिन- बियफे।

मघा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 14 मिनट ले।

ध्रुव जोग

दिन के 08 बजके 23 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ भेंटी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ के तरफ खास धेयान राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। खीस पs लगाम राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी बरतीं।

Tags :
Advertisement