टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

फार्मा कंपनी हादसा में 17 के मउत, पीएम मोदी जतवले दुख, 2 लाख के मुआवजा के ऐलान

09:32 AM Aug 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

आंध्र प्रदेश के अचुतापुरम में बुध के दिने एगो दवाई बनावे वाली कंपनी के कारखाना में आग लगला से 17 लोग के मउत हो गइल आ 33 लोग घवाहिल हो गइल. पीएम मोदी एह हादसा पs दुख जतवले बाड़न आ एहसे प्रभावित लोग के मुआवजा देबे के एलान कइले बाड़न. एह दुर्घटना में जान गँवावे वाला लोग के परिवार के दू लाख रुपिया के आर्थिक सहायता दिहल जाई. संगही घायल के 50 हजार रुपया दिहल जाई।

अनकापल्ली जिला मजिस्ट्रेट विजय कृष्णन के मुताविक अचुतापुरम के एगो फार्मा कंपनी में भईल दुर्घटना एसेंसिया एडवांस्ड साइंसेज प्राइवेट लिमिटेड के प्लांट में दुपहर करीब 2.15 बजे भईल। कृष्णन कहले कि, फैक्ट्री में 381 कर्मचारी दु पाली में काम करेले। दुपहरिया के लंच ब्रेक के दौरान विस्फोट भईल। एहीसे स्टाफ के हाजिरी कम रहे।"

पीएम मोदी ने सोसल मीडिया प्लेटफऑर्म एक्स पs लिखले "अनकापल्ल में एगो फैक्ट्री में भइल हादसा में लोगन के मउत से दुखी बानी। अपने प्रियजन के खोए वालन के प्रति संवेदना व्यक्त करत बानी। घायलन के जल्दीए स्वस्थ होखे के कामना करत बानी। प्रधानमंत्री राष्ट्रीय राहत कोष से प्रत्येक मृतक के परिजन के दु लाख रुपिया के अनुग्रह राशि दिहल जाई। घायलन के 50,000 रुपिया दिहल जाई।"

दुर्घटना कईसे भईल? 

जिला के अधिकारी बतवले कि बिजली के शार्ट सर्किट से विस्फोट होखे के आशंका बा। उs बतवले कि 33 घायल लोग के अनकापल्ली अवुरी अचुतापुरम के अलग-अलग अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जबकि दमकल विभाग 6 फायर इंजन के मदद से बचाव के काम में लागल बा। जिला मजिस्ट्रेट के कहनाम बा कि कारखाना में फंसल 13 लोग के बचावल जा चुकल बा। एही बीच मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू एs मउत पs दुख जतवले बाड़े। एगो आधिकारिक प्रेस विज्ञप्ति में कहल गईल कि मुख्यमंत्री मरेवाला मजदूर के परिवार के संगे सरकार खड़ा होखे के भरोसा देले.

 

 

 

 

Tags :
accidentExplosionfire
Advertisement
Next Article