For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

18 सितंबर 2024 के राशिफल

08:26 AM Sep 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
18 सितंबर 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-18/09/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

दिन के 08 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- बुध।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 11 बजके 00 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

गण्ड जोग

रात के 11 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि योग ।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/09/2024

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 12 बजके 40 मिनट ले।

दिन- बियफे।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 08 बजके 04 मिनट ले।

वृद्धि जोग

सबेरे के 07 बजके 18 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

परेसानियन के अंत होई। योजनन के आछा तरे सोच-समझके लागू करीं। निजी संबंधन में तनिका परेसानी झेले के पड़ सकत बा। हर केहु के खुश करे के चक्कर में मत पड़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आपन सेहत के खेयाल रखीं। संघतिया लोग के साथे कहीं घूमें के प्लान बन सकत बा। मानसिक शांति खातिर प्रयास करेम। प्रेम संबंधन में संभल के रहीं। खरीदारी करे के प्लान बन सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

धीर बना के राखी। बियहल जिनगी में मधुरता आई। सामाजिक कार्यक्रम में भाग लेवे के मौका मिली। आज केहू के वजह से आर्थिक लाभ हो सकत बा। सांझ के समय जीवनसाथी के संगे बिताएम।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवनसाथी के साथे अपना मन के बात कहीं। लईकन के तरफ से संतुष्ट रहेम। धन कमाये में सक्षम रहेम। आज कवनो संघतिया से लमहर समय बाद मुलाकात हो सकत बा। वैवाहिक सुख मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन भीड़-भाड़ वाला इलाकन में यात्रा करे से बचीं। घर में केहू के शादी पक्का हो सकत बा जवना से खुशी के माहौल रही। खुद खातिर समय निकाली। खर्च के लेके तनाव बढ़ सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मौज-मस्ती में समय बीती। जीवनसाथी से कवनो शुभ समाचार मिल सकत बा। खुद के तरोताजा महसूस करेमे। मूड रोमांटिक रही। कवनो पुरान निवेश से आज लाभ हो सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज आर्थिक लाभ से मन प्रसन्न होई। राउर व्यापार से जीवनसाथी खुश रही। शॉपिंग प जाये के मौका मिल सकत बा बाकिर खर्च प नियंत्रण राखे के होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज सेहत में सुधार होई बाकिर लापरवाही ना बरतीं। परिवार वालन के साथे बातचीत करत घरी आत्मसंयत रहीं। पति-पत्नी के बीच रिश्ता मजबूत होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन अपना खर्चन प काबू राखे के होई। प्रेमी से रोमांटिक मुलाकात हो सकत बा। कामकाज के सिलसिला में कवनो जतरा प गइल फायदेमंद होई। उधार दिहल गइल पईसा वापस मिल सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सेहत के लेके चिंता बढ़ी जवना के चलते धन खर्च बढ़ सकत बा। अपना प्रेमी के साथे कुछ मनमुटाव हो सकेला। आत्मविश्वास के कमी रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

अपना खीस प काबू राखीं ना त परिवार के कवनो सदस्य के राउर बात के बुरा लग सकेला। आध्यात्मिक कार्यन में मन लगाई। आकस्मिक धन लाभ के जोग बन रहल बा जवना से आर्थिक स्थिति बेहतर होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिने रउआ कुछ समस्यन के सामना करे के पड़ सकत बा बाकिर धीर बनवले राखीं। बीतल समय में कइल गइल फिजूलखर्ची के खामियाजा आज भुगते के पड़ सकेला।

Tags :
Advertisement