टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

20 जनवरी 2024 के राशिफल

03:51 AM Jan 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-20/01/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

सांझ के 07 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सनीचर।

कृत्तिका नक्षत्र

रात के 03 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद कृत्तिका नक्षत्र।

शुभ जोग

दिन के 11 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 21/01/2024

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

सांझ के 07 बजके 27 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

भोर के 03 बजके 52 मिनट ले।

शुक्ल जोग

दिन के 09 बजके 46 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल प्रयास सफल होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। संबंधित अधिकारी के सहजोग रही। प्रेमी के संगे घरवालन के लेके कहासुनी हो सकत बा। बिदेस जाये के जोग बन रहल बा। जीवनसाथी परेसान बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। विष योग के कारण वाणी पs संयम रखी। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिल सकत बा। बियाह जोग लोगन के सादी के तारीख में देर हो सकत बा। आज के दिन रोमांटिक बा, बाकिर साथी से संबंध बनावे खातिर परिवार के साथ कम मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

चली आ रहल समस्या के समाधान होई। रिश्तन में निकटता आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। रउआ महत्वाकांक्षी उद्यम में प्रवेश कs सकत बानी। ई आर्थिक रूप से फायदेमंद साबित होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेमन के जतरा, बिना मतलब के परेसानी आ उलझन के सामना करे के पड़ सकत बा। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के जरूरत बा। आज राउर दिन सामान्य रही। अधिकारियन के संगे रउआ अपना बेवहार में तनिका सावधानी रखे के चाहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग मिली, बाकिर ससुराल पक्ष से कुछ बेकार के उलझनो मिल सकत बा। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई। सिंह राशि वालन के आज दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। राउर स्वभाव में व्यवहारिकता कम आ भावुकता जादे रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। बेवसायिक पकोसिस सफल होई। रिश्तन में निकटता आई। आज राउर दिन हंसी-खुसी बीती। रउआ लगे कइयन गो अवसर होई आ वरिष्ठन से सहयोग प्राप्त वित्तीय इस्थिति में बहुते सुधार होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होi। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल होई। बेवसायिक प्रयास फलीभूत होई। आज राउर दिन अनुकूल रही। एह राशि के लवमेट वालन खातिर आज के दिन बेहतर रही। जरूरतमंद संघतिया के तरफ रउआ मदद के हाथ बढ़ायेम।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

घर के जरुरी वस्तु, उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई। आज कवनो धार्मिक स्थल पs जाये के आयोजन हो सकत बा। लेखन काम आ बौद्धिक क्षेत्र में रउआ सक्रिय रहेम। शारीरिक अस्वस्थता के अनुभव हो सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

शिक्षा के क्षेत्र में आस के मोताबिक सफलता मिली। कइल गइल पुरुषार्थ सार्थक होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई।  रउआ जरुरत बा अपना अनैतिक रिश्तन पs नियंत्रण करे के। आज रिश्तन में विश्वास आ पेयार के आवश्यकता बा। अपना पार्टनर के मन से अविश्वास के भावना के मिटाई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रिश्तन में मजबूती आई। शासन सत्ता के सहजोग रही। बेकार के उलझन रही। लईकन से आज खुशखबरी मिल सकत बा। प्रेमी के इंटरव्यू में सफलता मिल सकत बा। बिदेस से बियाह के रिश्ता आ सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। आज पति-पत्नी के बीच झगड़ा हो सकत बा। राउर एक से जादे प्रेम-संबंध रउआ बीच दूरियन के बढ़ा सकत बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

  बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरुरत बा। जीवनसाथी के संगे होखला के लेके मन में खुसी बा। प्रेमी के संगे कुछ सुख से भरल पल बितायेम। आज राउर प्रेमी के रउआ से कुछ उम्मीद रही। सोशल मीडिया पs संपर्क ना हो पवला पs नाराज हो सकत बा। अपना मनभावन बातन से ओकरा के मना लीं।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article