For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

21 अक्टूबर: दिन विशेष में जानीं इतिहास आ प्रमुख घटना

09:35 AM Oct 21, 2024 IST | Sonu Kishor
21 अक्टूबर  दिन विशेष में जानीं इतिहास आ प्रमुख घटना
दिन विशेष
Advertisement

1. पुलिस स्मृति दिवस (Police Commemoration Day)

Advertisement

आज भारत में पुलिस स्मृति दिवस मनावल जा रहल बा, जवना में उऽ बहादुर पुलिसकर्मियन के श्रद्धांजलि दिहल जाता जवन देश के सुरक्षा में अपना प्राण के आहुति देले। 1959 में आज के दिन चीन के साथे भइल एह संघर्ष में भारतीय पुलिस के 10 जवान शहीद भइल रहलें। तबे से हर साल 21 अक्टूबर के पुलिसकर्मियों के वीरता आ बलिदान के याद कइल जाला। देशभर में पुलिस परेड आ सम्मान समारोह आयोजित कइल जाला।

2. इंटरनेशनल नाचोस डे (International Day of the Nacho)

21 अक्टूबर के इंटरनेशनल नाचोस डे के रूप में बनावल जाला। नाचोस, जवन मेक्सिको के एगो पारंपरिक डिश बा, अब पूरा दुनिया में लोकप्रिय हो चुकल बा। एह दिन के नाचोस के आविष्कारक इग्नेसियो "नाचो" एना के सम्मानित करे खातिर मनावल जाला, जवन 1940 के दशक में एह व्यंजन के तैयार कइल गइल रहे। दुनियाभर के रेस्तरां आ फूड चेन एह दिन के खास डिशेज़ आ ऑफर्स के साथ सेलिब्रेट करेले।

3. इतिहास में आज के दिन

1943: नेताजी सुभाष चंद्र बोस ने आजे के दिन आजाद हिंद सरकार के स्थापना कइले रहलें। उऽ जापान के सहयोग से भारतीय स्वतंत्रता संग्राम के एगो नया आयाम देले। इ दिन भारतीय स्वतंत्रता संग्राम के इतिहास में बेहद महत्वपूर्ण मानल जाला।

1879: महान वैज्ञानिक थॉमस एडिसन आज के दिन सफलतापूर्वक विद्युत बल्ब के परीक्षण कइले रहलें, जवन पूरा दुनिया में रोशनी आ ऊर्जा के क्षेत्र में क्रांति लिया देलस।

1950: आज के दिन प्रथम भारतीय महिला प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के जन्म भइल रहे। उऽ भारतीय राजनीति में एही सशक्त भूमिका निभवली आ भारत के राजनीतिक परिदृश्य में बड़ योगदान देली।

Tags :
Advertisement