टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

22 October: आज के दिन विशेष में जानीं इतिहास से जुड़ल कुछ रोचक जानकारी 

10:03 AM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
दिन विशेष
Advertisement

आज के दिन विशेष में जानीं देश - दुनिया के इतिहास से जुड़ल कुछ रोचक जानकारी।

Advertisement

1. कश्मीर संघर्ष के 77वीं वर्षगांठ: 1947 के आक्रमण के याद

आज, 22 अक्टूबर के कश्मीर संघर्ष के शुरुआत करे के 77वीं वर्षगांठ हऽ। 1947 में आजे के दिन पाकिस्तानी सेना जम्मू-कश्मीर में प्रवेश कइले रहे, जवना से भारत आ पाकिस्तान के बीच पहिला कश्मीर युद्ध शुरू भइल। एह दिन के "काला दिवस" के रूप में मनावल जाला, जब पाकिस्तान समर्थित कबाइली कश्मीर पऽ आक्रमण कइले रहे। इ संघर्ष आजो दुनु देशन के बीच गहरा विभाजन के कारण बनल बा। भारत आ पाकिस्तान के बीच कश्मीर विवाद के लेके कई युद्ध हो चुकल बा, आ इ आजो अंतरराष्ट्रीय स्तर पऽ एगो संवेदनशील मुद्दा बा।

2. थॉमस एडिसन के बल्ब के 145वां साल: ऊर्जा क्रांति के शुरुआत

22 अक्टूबर 1879 के महान वैज्ञानिक थॉमस एडिसन पहिला बेर इलेक्ट्रिक बल्ब के सफलतापूर्वक प्रदर्शन कइले। 145 साल पहिले के ई खोज दुनिया के अन्हार से रोशनी में ले आवे के रास्ता देखा दिहलस। ई आविष्कार मानव इतिहास में तकनीकी क्रांति के प्रतीक बन गइल आ आजो एडिसन के ई उपलब्धि एकर उदाहरण बा। उनका बल्ब के खोज से दुनिया भर के उद्योग अउरी घर में रोशनी आइल, जवना से जीवन के गुणवत्ता में सुधार भइल।

3. मदर टेरेसा के नोबेल शांति पुरस्कार के 45 साल

आज से 45 साल पहिले मदर टेरेसा के 22 अक्टूबर 1979 के मानव सेवा आ गरीबन खातिर काम करे खातिर नोबेल शांति पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे। गरीब, बीमार आ असहाय लोग के सेवा में आपन जिनगी बितवले। उनकर संस्था "मिशनरीज ऑफ चैरिटी" आजो दुनिया भर में सेवा के काम में लागल बा। मदर टेरेसा के जीवन आ योगदान आजो लाखों लोग खातिर एगो प्रेरणा बनल बा।

4. प्रथम टेक्सास राष्ट्रपति के रूप में सैम्युअल ह्यूस्टन के याद

1836 के एह दिन सैमुअल ह्यूस्टन के टेक्सास गणराज्य के पहिला राष्ट्रपति चुनल गइल। मेक्सिको से टेक्सास के आजादी में उनकर अहम भूमिका रहे। इनका नेतृत्व में टेक्सास गणराज्य आपन आजादी मजबूत कइलस आ बाद में अमेरिका के हिस्सा बन गइल। ह्यूस्टन के ई योगदान अमेरिकी इतिहास के एगो महत्वपूर्ण अध्याय बा।

5. क्यूबा मिसाइल संकट: परमाणु युद्ध के खतरा के 62वीं वर्षगांठ

1962 में आज के दिन दुनिया एगो विनाशकारी परमाणु युद्ध के कगार पऽ रहे। अमेरिका आ सोवियत संघ के बीच तनाव क्यूबा के मिसाइल संकट के दौरान चरम पऽ पहुँचल जब सोवियत संघ क्यूबा में मिसाइल तैनात कइलस। इ तनाव 13 दिन तक चलल आ अंत में दुनो देश के बीच भइल समझौता से एकरा के टारल गइल। एह घटना से दुनिया परमाणु युद्ध के खतरा के बारे में जागरूक हो गइल आ शीत युद्ध के इतिहास में एगो महतवपूर्ण मोड़ साबित भइल।

Tags :
22 October special storyKhabar bhojpuri special storyNews Special Story Newstoday specialToday special news
Advertisement
Next Article