टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

त्रिपुरा में भारी बरखा से 22 गो के मउत, 2 गो लापता, 65,400 लोग 450 राहत शिविरन में लिहलें शरण

07:54 AM Aug 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पिछला कुछ दिन में त्रिपुरा में भइल भारी बरखा के चलते नाहियो तs 22 लोग के मउत हो गइल बा आ दू जने लापता बाड़े. एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि 65,400 लोग राज्य के 450 राहत शिविर में शरण लेले बाड़े, काहेंकी भारी बरखा के चलते ओ लोग के घर के नुकसान भईल बा। मुख्यमंत्री माणिक साहा सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘फेसबुक’ पs एगो पोस्ट में लिखले कि सांतिरबाजार के अश्वनी त्रिपुरा पारा अवुरी देबीपुर में भूस्खलन के बाद दस लोग मलबा के नीचे दफन बाड़े।

उs कहले कि, हम मरेवाला के परिवार के प्रति संवेदना व्यक्त करतानी। इs एगो अपूरणीय क्षति बा। राज्य सरकार हर मरेवाला के परिवार के चार लाख रुपिया के आर्थिक सहायता के एलान कईले बिया एकरा से पहिले राजस्व विभाग के सचिव बृजेश पांडेय कहले रहले कि राज्य में भईल भारी बरखा के बाद 12 लोग के मउत हो गईल।

फसल आ घर के भारी नुकसान

उs एगो संवाददाता सम्मेलन में कहले कि, अबे ले 12 लोग के जान गईल बा अवुरी दु लोग लापता बाड़े। अधिकारी बतवले कि पूर्वोत्तर राज्य में करीब 17 लाख लोग प्रभावित भईल बाड़े। पाण्डेय बतवले कि 2032 जगह भूस्खलन के खबर बा, जवना में से 1,789 जगह खाली हो चुकल बा, जबकि बाकी जगह पs बहाली के काम चलता।

फंसल लोग के बचावे खातिर दू गो हेलीकाप्टर

उs कहले कि केंद्र गोमती अवुरी दक्षिण त्रिपुरा जिला में फंसल लोग के बचावे खातीर दुगो हेलीकाप्टर उपलब्ध करा देले बा। असम राइफल्स एगो विज्ञप्ति जारी कs कहलस कि राज्य भर से 750 से जादा लोग के निकालल गईल बा। विज्ञप्ति में कहल गईल कि, 'त्रिपुरा में राहत अवुरी बचाव अभियान के अगुवाई असम राइफल्स के राइफल महिला करतारी।' चार गो बचाव दल के राज्य के अलग अलग हिस्सा में ले जाइल गइल जवना में पूर्वी कंचनबाड़ी, कुमारघाट, उनाकोटी जिला, गोमती जिला के अमरपुर, विशालगढ़, सिपाहीजाला आ त्रिपुरा पश्चिम शामिल बा.

 

 

Tags :
22 people diedheavy rainsheavy rains in tripuraTripura News
Advertisement
Next Article