For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

होली में गोरखपुर से चली 22 गो स्पेशल ट्रेन : खाली बर्थ पs मिली रिजर्वेशन, महानगरन के राह होई आसान

10:54 AM Mar 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
होली में गोरखपुर से चली 22 गो स्पेशल ट्रेन   खाली बर्थ पs मिली रिजर्वेशन  महानगरन के राह होई आसान
Advertisement

जदि रउओ होली में रिजर्वेशन ना मिलला के वजह से अपना जतरा के लेके परेसान बानी तs ई खबर राअरे काम के बा। यात्रियन के भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन कइयन गो स्पेशल ट्रेनन के संचालन सुरू कs देले बा। एकरा से रेगुलर ट्रेनन में जगह ना पा वाले यात्रियन के सफर आसान होई।

Advertisement

ओह लोगन के आउर साधनन के तलाश ना करे के पड़ी। CPRO पंकज कुमार सिंह बतवलें कि गोरखपुर से बनके गो 22 स्पेशल ट्रेन चलावल जा रहल बाड़ी सs जवन अलग-अलग महानगरन के सफर आसान बनाई। यात्री एह ट्रेनन में रिजर्वेशन कराके आरामदायक सफर कs सकत बा लो। एह स्पेशल ट्रेनन में अभी बहुत सारा सीट खाली बा।

• गोरखपुर से 24 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05023 गोरखपुर-आनन्द विहार टर्मिनल स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 79, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 614, शयनयान श्रेणी में 164 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 180 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 31 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05023 गोरखपुर-आनन्द विहार टर्मिनल स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 36, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 454 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 136 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 22 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05053 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 1231 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05053 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 1236 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 20 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05005 गोरखपुर-अमृतसर स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 21, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 256 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 445 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 27 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05005 गोरखपुर-अमृतसर स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 162 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 359 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05303 गोरखपुर-महबूबनगर स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित तृतीय इकोनाॅमी श्रेणी में 865 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 18 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01124 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 70, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 311 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में दुगो सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 30 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01124 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस विशेष गाड़ी के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 27 आ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 218 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01104 गोरखपुर-छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस विशेष गाड़ी के वातानुकूलित प्रथम श्रेणी में सात, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 34 आ शयनयान श्रेणी में 509 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 30 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01104 गोरखपुर-छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस विशेष गाड़ी के वातानुकूलित प्रथम श्रेणी में दुगो, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 19 आ शयनयान श्रेणी में 459 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 22 मार्च के प्रस्थान करे वाली 04517 गोरखपुर-चंडीगढ़ स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 91, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 334, शयनयान श्रेणी में 459 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 160 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 29 मार्च के प्रस्थान करे वाली 04517 गोरखपुर-चंडीगढ़ स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 96, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 302, शयनयान श्रेणी में 73 बर्थ आ द्वितीय श्रेणी चेयरकार में 161 सीट उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 20 मार्च के प्रस्थान करे वाली 09112 गोरखपुर-वडोदरा स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित प्रथम श्रेणी में आठ, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 67 आ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 285 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05777 गोरखपुर-न्यू जलपाईगुड़ी स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 29, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 73 आ शयनयान श्रेणी में 723 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 30 मार्च के प्रस्थान करे वाली 05777 गोरखपुर-न्यू जलपाईगुड़ी स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 28, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 79 आ शयनयान श्रेणी में 810 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 26 मार्च के प्रस्थान करेंवाली 05977 गोरखपुर-डिब्रुगढ़ विशेष गाड़ी के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 11, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 13 आ शयनयान श्रेणी में 594 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से दु अप्रिल के प्रस्थान करे वाली 05977 गोरखपुर-डिब्रूगढ़ स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी में 15, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 40 आ शयनयान श्रेणी में 680 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 03132 गोरखपुर-सियालदह स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 106 आ शयनयान श्रेणी में 338 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 24 मार्च के प्रस्थान करे वाली 08822 गोरखपुर-राँची स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित तृतीय इकोनाॅमी श्रेणी में 1178 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 23 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01432 गोरखपुर-पुणे स्पेशल ट्रेन के शयनयान श्रेणी में 863 बर्थ उपलब्ध बा।

• गोरखपुर से 24 मार्च के प्रस्थान करे वाली 01084 गोरखपुर-छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के वातानुकूलित तृतीय श्रेणी में 64 आ शयनयान श्रेणी में 865 बर्थ उपलब्ध बा।

Tags :
Advertisement