For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

23 फरवरी के 24 घंटो पड़ जाई कम, एगो - दुगो ना OTT पs रिलीज हो रहल बा पूरा 11 गो फिलिम

10:58 AM Feb 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
23 फरवरी के 24 घंटो पड़ जाई कम  एगो   दुगो ना ott पs रिलीज हो रहल बा पूरा 11 गो फिलिम
Advertisement

कवनो फिलिम आ वेब सीरीज के मोह अइसन होला कि एक बेर ओकरा के देखे बइठला के बाद ओकरा के अधूरा छोड़े के मन ना करेला। अइसना में अगर रउरा 23 फरवरी के ओटीटी पs रिलीज होखे वाला सगरी शो आ फिलिम देखल चाहत बानी तs ध्यान राखीं कि रउरा खातिर ई 24 घंटा से कम समय होखी। काहे कि एह दिन एक दू गो ना, ओटीटी रउरा खातिर 11 गो नया पेशकश ले के आवत बा। फिल्म विशेषज्ञ क्रिस्टोफर कंगराजन 23 फरवरी के ओटीटी पs रिलीज होखे वाली फिलिमन आ शो के पूरा सूची साझा कइले बाड़े। आईं बताईं कि ओटीटी रउरा खातिर कवन उपहार लेके आवत बा।

Advertisement

•सिंगापुर सैलून

ई एगो कॉमेडी थ्रिलर तमिल फिलिम हs जवन अमेजन प्राइम पs आवत बा। जवना के लेखन आ निर्देशन गोकुल कइले बाड़न।

•मलईकोचई वालिबन

हॉट स्टार पs ई मलयालम महाकाव्य फिलिम देख सकीलें। लिजो जोस पैलिस्सरी के निर्देशन में बनल एह फिलिम में मोहन लाल डबल रोल में नजर अइहें।

•पोचर

ई एगो क्राइम सीरीज हs जवन अमेजन प्राइम पs रिलीज होखे वाला बा। जवना में निमिषा सजायन आ रोशन मैथ्यू के नजर अइहें।

•बामाकलपम 2

तेलुगु भाषा में ई डार्क क्राइम कॉमेडी थ्रिलर फिलिम एएचए पs देखल जा सकेला।

•द इंद्रानी मुखर्जी स्टोरी

एगो सनसनीखेज अपराध के माध्यम से मशहूर भईल इंद्राणी मुखर्जी पs आधारित एs सीरीज के नेटफ्लिक्स पs देखल जा सकता।

•स्कूल डेज

ई कन्नड़ कॉमेडी ड्रामा फिलिम रउरा Namma Flix पs देख सकीलें।

•सॉ एक्स

रोंगटा खड़ा करे वाली ई फिलिम रउरा Lionsgate Play पs अंग्रेजी में देख सकीलें ।एह फिलिम के निर्देशन केविन ग्रुएर्ट कइले बाड़न। ई सॉ सीरीज के दसवीं फिलिम हs।

•मिया कल्पा

ई अमेरिकी कानून पs आधारित थ्रिलर फिलिम हs। जवन कि एगो कलाकार के कहानी हs, जेकरा पs अपना प्रेमिका के हत्या के आरोप बा। ई अंग्रेजी फिलिम रउरा नेटफ्लिक्स पs देख सकीलें।

•कैन आई टेल यू अ सीक्रेट

ई एगो अंगरेजी नेटफ्लिक्स सीरीज भी हवे। जवन थ्रिलर आधारित कहानी ह।

•थ्रू माय विंडो 3

ई एगो स्पेनिश प्रेम कहानी हs। जवन नेटफ्लिक्स पs देखल जा सकेला। देखल दिलचस्प होई कि तीसरा किस्त में दुनो प्रेमी एक हो पइहें।

•अवतार द लास्ट एयरबेंडर

ई एगो फैंटेसी आधारित अंगरेजी नेटफ्लिक्स सीरीज हवे। जवना के रउरा बेहतरीन ग्राफिक्स आ एक्शन देख सकीलें।

Tags :
Advertisement