टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

24 अगस्त 2024 के राशिफल

10:02 AM Aug 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-24/08/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

सबेरे के 07 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- सनीचर।

अश्विनी नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद भरणी नक्षत्र।

वृद्धि जोग

रात के 03 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव योग ।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/08/2024

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 03 बजके 39 मिनट ले।

दिन- अतवार।

भरणी नक्षत्र

दिन के 04 बजके में 45 मिनट ले।

ध्रुव जोग

रात के 12 बजके 28 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

प्रतियोगिता खातिर मेहनत कर रहल विद्यार्थी लोगन के सफलता मिली। आज राउर काम के सराहना मिली। संपत्ति से जुडल ममिलन के परिणाम रउआ पक्ष में होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मरद-मेहरारू के बीचे प्रेम बनल रही। अधिकारियन के सहजोग मिली। कवनो जरूरी काम पूरा करे में कवनो तरे के मूस्किल ना आई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कारोबारियन के लाभ हो सकेला। अपना वाणी से दोसरा के प्रभावित करेम। आय के संगे प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज काम के जगे पs वरिष्ठ अधिकारी राउर काम में बाधा पैदा कs सकेले बाकिर विवाद में पड़ला के बजाय अपना चालकी से परिस्थिति के संभारी। आर्थिक इस्तिथी सामान्य रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मन में कवनो  बात के लेके संदेह पैदा हो सकेला। कवनो संघतिया राउर घरे आ सकेला जवना से मन खुस होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जीवन साथी क संगे शॉपिंग पs जाए के लुफ़्त उठाएम। दोसरा के बात के सुनत घरी धीर बना के राखीं। सेहत आ खान पान के खेयाल राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खरचा बढ़ला चिंतों बढ़ सकेला। राउर छुपल विरोधी काम में बाधा पैदा कs सकेले।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दफ्तर के काम से यात्रा करे के पड़ सकेला, जवन लाभकारी रही। आज के दिने कवनो प्रभावशाली आदमी से मुलाकात संभव बा। धन लाभ हो सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

विद्यार्थियन के सरकारी क्षेत्र  से जुडल लोगन के फायदा होई। काम के लेके जागरूक होखे के पड़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आत्म विस्वास  से लबरेज रहेम। आज के दिने कामन में सफलता मिली आ मन के इक्छा पूरा होई। दाम्पत्य जिनगी में मधुरता आई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिने ऊर्जावान महसूस करेम। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। काम के जगे पs कवनो नाया प्रोजेक्ट पs काम  करे के मौका मिल सकेला। मनोरंजन के काम में सामिल हो सकेनी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन संघतिया लोगन पs धन खर्चा करेम। पारिवारिक माहौल खुसनुमा रही बाकिर राउर कठोर बेवहार घर में तनाव पैदा कs सकेला।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article