टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

25 अक्टूबर 2024 के राशिफल

08:10 AM Oct 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक- 25/10/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

कार्तिक कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 03 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

पुष्य नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

शुभ जोग

भोर के 05 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/10/2024

कार्तिक कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 05 बजके 24 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन 09 बजके 45 मिनट ले।

शुक्ल जोग

भोर के 05 बजके 57 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उतार चढ़ाव से भरल रही, बेवसाय में सहयोगियन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, बेयपार में बड़ लेन-देन सोच विचार कs के करीं, स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, काम के अधिकता के कारण मानसिक तनाव बनल रही, परिवार के सहजोग मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर रुकल काम पूरा हो सकत बानी, नया काम के योजना बनी, रउआ कवनो नया व्यक्ति से मिल सकत बानी, जवना से भविष्य के संभावना बनी। स्वास्थ ठीक रही, पत्नी के सहजोग मिली, परिवार में मान सम्मान बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिन अच्छा रही। जदि रउआ कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, प्रॉपर्टी आदि में रउआ नया निवेश कs सकत बानी, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, राउर मन आध्यात्म के ओर झुकल रही, कवनो धार्मिक जतरा पs रउआ जा सकत बानी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो परिचित के संगे विवाद के कारण रउआ परेसान रह सकत बानी, अच्छा होई रउआ पारिवारिक विवाद से दूर रहीं, बेवसाय में कवनो नया परिवर्तन आज मत करीं, ना तs नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, परिवार में अपनन से बेवहार ठीक रखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज रउआ कवना काम के लेके परेसान रह सकत बानी, विरोधियन से नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, लमहर जतरा पs जाये से बचीं, वाहन आदि के उपयोग सावधानी से करीं , काम के क्षेत्र में सहयोगियन से मतभेद मत बधाई, ना तs हानि होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

राउर आज के दिन अच्छा रहे वाला बा, कवनो बड़ आयोजन में जाये के होई, रउआ अपना बेवसाय में कुछ परिवर्तन कs सकत बानी। बेयपार आदि में पार्टनरशिप से लाभ होई ,परिवार के सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने राउर स्वास्थ अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया मकान जमीन के खरीदारी कs सकत बानी, आज कवनो विशेष काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा,परिवारिक विवाद से आज रउआ दूर रहीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

राउर आज के दिन सामान्य रही, कवनो नया काम आज सुरू कs सकत बानी, कवनो परिचित व्यक्ति के कारण रउआ कवनो विवाद में फंस सकत बानी, परिवार में कवनो मांगलिक काम के जोग बनी, घर में कवनो नया मेहमान आ सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ वाहन आदि चलावे में सावधानी बरती, कवनो काम के बहुत दिनन से सोच रहल बानी, तs आज उ काम पूरा होई, न्यायालय पक्ष के काम में रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, वाणी पs संयम रखीं, वाद-विवाद के इस्थिति में आपन बचाव करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ कवनो सुखद समाचार मिली, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम के जोग बनी, रउया कवनो नया निवेश बेयपार बेवसाय में कs सकत बानी, पत्नी के स्वास्थ खराब हो सकत बा, परिवारिक माहौल अच्छा रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा, रउआ कवनो बेवसाय सुरू कs सकत बानी भा बेयपार में कवनो बड़ परिवर्तन कs सकत बानी, काम के क्षेत्र में पार्टनरन के अच्छा सहजोग मिले से लाभ होई , पत्नी आ परिवार के पूर्ण सहजोग प्राप्त होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आज के दिन राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। रउआ परिवार के कवनो सदस्य के कारण परेसानी में पड़ सकत बानी, संतान के चिंता बनल रही, बेयपार-बेवसाय में सहयोगियन से मतभेद बढ़ सकत बा, आज रउआ कवनो नया काम खातिर विचार कs सकत बानी, परिवारिक विवाद से दूर रहीं।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article