टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

26 अक्टूबर 2024 के राशिफल

08:01 AM Oct 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक- 26/10/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

कार्तिक कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

भोर के 05 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सनीचर।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

शुक्ल जोग

भोर के 05 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/10/2024

कार्तिक कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

समस्त।

दिन- अतवार।

मघा नक्षत्र

दिन 12 बजके 24 मिनट ले।

ब्रह्म जोग

समस्त।

बव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज जातक के अगल बगल खुशनुमा माहौल रही। बेयपार के सिलसिला में अच्छा परिणाम सामने आई। जवना से मन प्रसन्न रही। आमदनी में इजाफा होई। दिन के अन्त में संघतिया से वाद-विवाद हो सकत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ देह आ मन से प्रसन्न आउर प्रफुल्लित रहेम। जातक के रहन-सहन में कमाई से जादे खर्च हो सकत बा, सतर्क रहला के जरुरत बा। बिजनेस में आज जोखिम मत उठाई, साथ काम करे वालन से रउआ खुसी मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कवनो महत्वपूर्ण ममिला में अपना से बड़ लोगन के सलाह लेला के बादे निर्णय लीं। संघतिया लोगन के बीच समय बीती। रुकल काम आगा बढ़ी। बेवसायिक कामन में सचेत रहला के आवश्यकता बा। आज लईकन के पढ़ाई के लेके कवनो खुशखबरी मिल सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन जातक के व्यस्तता से भरल रह सकत बा। अपना अच्छे बेवहार से लोगन के आकर्षित करेम। नया विचारन पs काम कइला पs सफलता प्राप्त होई। काम के विस्तार खातिर लोन लेवे के पड़ सकत बा। वाहन लेवे के जोग बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज जातक के कवनो पुरान अटकल काम होई, किस्मत के साथ मिली। नौकरी पेशा लोगन मे आत्मनिर्भर बने के खेयाल मन में बेर-बेर आई। कवनो निर्णय लेवे से पहिले घर के बुजुर्गन द्वारा राय जरूर लेवे के चाहीं। अविवाहित बानी तs रिश्ता आवे के संभावना बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन जातक खातिर अच्छा रही। कवनो नया विचार रउआ के आर्थिक तौर पs फायदा दिलाई। कवनो पुरान विवाद आज समाप्त हो सकत बा। अटकल काम सुरु करवावे खातिर कवनो प्रभावी व्यक्ति से सिफारिश करवावे के पड़ सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज जातक के कवनो शुभ समाचार मिलला के जोग बन रहल बा। अपना जानकारी आ सकारात्मक ऊर्जा से लोगन के धेयान अपना ओर आकर्षित करेम। आज जातक के सलाह दिहल जात बा की जरूरी काम के सूची बना के काम होख, सफलता मिली। आर्थिक निवेश करे से पहले सोच विचार कs लीं। शेयर बाजार में रिस्क मत लीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज जोखिम भरल काम मत करीं, संघतिया लोगन के संगे निजी बातन के शेयर करे से बचीं। आज लईकन द्वारा पढ़ाई मे अव्वल प्रदर्शन कइल जाई। पूंजी के उचित निवेश खातिर चिंतित रह सकत बानी। कलाकारन खातिर दिन विशेष रूप से अच्छा रहे  वाला बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन सुखद आ आश्चर्य भरल बातन के संगे गुजरे वाला बा। सच्चा मन से कइल गइल राउर मेहनत रंग लाई। नया सौदा लाभदायी रही। जरूरी लेन-देन के लेके सावधान रहीं। कवनो लेख भा कहानी लिख सकत बानी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जातक के अपना कमियन के बजाय खूबियन पs धेयान देवे के चाहीं। मन मे अजीब विचारन के जनम होई। नौकरीपेशा लोग अपना से बड़ अधिकारियन के प्रभावित करी लो आ पदोनत्ती के जोग बा। जीवनसाथी के नाम से कइल जा रहल काम में लाभ होई। रियल एस्टेट से जुड़ल लोगन के बड़ कामयाबी मिल सकत बा। रउआ अपना खान-पान के धेयान रखे के चाहीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन जातक के आय से अधिक खरचा परेसानी में डाल सकत बा। रउआ वर्तमान में जिये के कोसिस करीं। अपना उत्तरदयित्व के पूर्ति करे के कोसिस करेम। रउआ सारा काम बखूबी पूरा करेम। कवनो महत्वपूर्ण निर्णय लेते घरी परिवार के लोगन के राय महत्व रखी। बेयपारिक क्षेत्र में लाभ मिली। खाली जरूरत के सामान के खरीदारी करीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन जातक के मन शांत रही। कार्यस्थल में रउआ अच्छा प्रदर्शन करेम। सहजोगी काम के प्रसंशा करी लो। काम से जुड़ल चीजन में प्रगति देखे के मिली। बेवसाय से जुड़ा कोई बड़ा मसला हल हो सकता है।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article