For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

27 जनवरी 2024 के राशिफल

01:02 AM Jan 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
27 जनवरी 2024 के राशिफल
Advertisement

दिनांक-27/01/2024
श्री गणेशाय नम:

Advertisement

आज के पंचांग

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 03 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सनीचर।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

सबेरे के 08 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 28/01/2024

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

सबेरे के 06 बजके 11 मिनट ले।

दिन- अतवार।

मघा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 52 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

सबेरे के 08 बजके 50 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मेष राशि के लोगन खातिर आज लाभ के दिन बा। बहुत संघर्ष के बाद आज राउर परेसानी कम होइहें सs। भाग्य साथ दी। आर्थिक कष्ट से मुक्ति मिली। आज कवनो कारण से रउआ जतरा पs जा सकत बानी। छोट-मोट पार्ट टाइम काम के खातिर आज रउआ समय निकाल लेम। महत्वाकांक्षन के पूरा होखे के दिन बा, कोसिस करत रहीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

वृष राशि के लोगन के भाग्य साथ दी। राउर परिवार में कवनो सुभ मांगलिक काम के चरचा हो सकत बा। जिनगी के स्तर के सुधारे खातिर फिलहाल रउआ स्थायी प्रयोग में आवे वाला वस्तुअन के किने के चाहीं। सांझ के बेरा रउआ घरे केहू आ सकत बा। एकरा से राउर काम आ खरचा दुनो बढ़ सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

मिथुन राशि के लोगन के आर्थिक लाभ होई आ राउर काम में अप्रत्याशित उन्नति के देखके सब  केहू हैरान होई। राउर अपने नज़र उपलब्धियन पs लाग सकत बा। प्रगति के एह गति के स्थायी रखे से रउआ लाभ होई। आगे चलके कवनो कारण से राउर प्रतिष्ठा के धक्का लाग सकत बा।  अपना काम में धेयान केंद्रित करीं।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कर्क राशि के लोगन के आर्थिक लाभ होई आ आज का दिन कवनो तरे के चिंता में बीती। रउआ हमेसा से अपना परिवार के सलामती खातिर काम करेनी। एही काम के आजूओ करेम। आज रउआ धन से संबंधित कवनो चिंता परेसान कs सकत बा। जदि सबकर सहमति हो जाव तs कहीं स्थान परिवर्तन के विचार बनाई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

सिंह राशि के लोगन के आर्थिक लाभ होई आ कारोबार से जुड़ल कवनो बात रउआ के परेसान कs सकत बा। पिछला बहुत दिनन से बेवसाय नियमित नइखे। अस्थिरता राउर पीछा नइखे छोड़ रहल। नौकरी बेवसाय आदि के क्षेत्र में जदि रउआ एकदम सुधार चाहत बानी तs आलस्य आ आराम के त्याग कs के मेहनत से काम करीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कन्या राशि के लोगन खातिर आज ग्रहन के दशा अनुकूल बा आ रउआ लाभ होई। विशेष प्रकार के भाग-दउड़ आ चिंता में राउर दिन बीती। नतीजा लाभदायक होई। रउआ आपन काम के उत्साह के संगे पूरा करीं। कुछ समय बाद एकरो से बेहतरीन अनुबंध रउआ प्राप्त होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

तुला राशि के लोगन खातिर आज के दिन बिना वजह के चिंता आ परेसानी में बिती। सुक के कारण कुछ परेसानी तs वास्तविक बा आ कुछ रउआ अपना स्वभाव के वजह से खड़ा कs लेवेनी। सामाजिक ममिलन में रउआ लाभ होई। रउआ अपना साहस आ बुद्धिमानी से लोगन के पराजित कs सकत बानी। मन के दुर्बलता आ दुर्गुणन के त्याग करीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

वृश्चिक राशि के लोगन के आर्थिक लाभ होई। अकस्मात मंगलमय समाचार मिली। काम आ बेवसाय के क्षेत्र में आइल तनाव अपना ऊपर हावी मत होेखे दीं। नया योजना सफल होई। पुरान झगड़ा झंझटन से छुटकारा मिली। अधिकारी वर्ग में सामंजस्य बढ़ी। निराशाजनक विचारन के मन में मत आवे दीं, समय बहुते अनुकूल बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

धनु राशि के लोगन के आर्थिक ममिलन में भाग्य के साथ मिली। रउआ कवनो नया संपर्क से लाभ मिली। रुकल धन कठिनाई से मिली, रोजमर्रा के कामन में कोताही मत बरती। बेवसायिक उन्नति से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई आ राउर काम बिना कवनो बाधा के पूरा होई। मांगलिक अवसरन में जाये के समय मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मकर राशि के लोगन के मान-सम्‍मान में बढ़न्ती होई आ रउआ भाग्‍य के साथ मिली। राउर सम्मान बढ़ी। ग्रह के चाल भाग्य बढ़ावे में मदद करी। बेवसाय में लाभ होई। सुभ समाचार दिन भर मिलत रही। संघतियन के संगे राउर संबंध बेहतर होई आ रउआ मदद मिली। बेकार के झंझटन से बचल रहेम। धार्मिक जगहन के जतरा के भूमिका आज बन सकत बा। मामा पक्ष से सहजोग मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

कुंभ राशि के लोगन के भाग्‍य के साथ‍ मिली आ उच्चाधिकारियन के घनिष्टता से लाभ उठावे के सुअवसर आज दिन भर बनल रही। आयात- निर्यात के व्यवसाय सुरू करे के निर्णय आज हो सकत बा। आध्यात्म आ धरम के ममिलन में राउर रुचि बढ़ी। जतरा, मंगल उत्सव के संजोग बन रहल बा, समय के सदुपयोग से राउर सितारा बुलंद होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मीन राशि के लोगन के आर्थिक लाभ होई आ रउआ खातिर उन्नति के क्षेत्र में कइयन गो रस्ता खुली। अध्ययन आ आध्यात्म में राउर रुचि बढ़ी। विवादास्पद प्रकरण समाप्त होई। शत्रुअन से सावधान रहीं। आज केहूओ के रुपिया उधार मत दीं, वापस ना मिली। माई-बाबूजी आ गुरु के सेवा से लाभ होई। राउर नौकरी आ कारोबार के ममिला में भाग्य के साथ मिली।

Tags :
Advertisement