For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पाकिस्तान से इराक जा रहल बस ईरान में दुर्घटनाग्रस्त, 28 यात्रियन के मउत; 23 लोग भइले घायल

12:58 PM Aug 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
पाकिस्तान से इराक जा रहल बस ईरान में दुर्घटनाग्रस्त  28 यात्रियन के मउत  23 लोग भइले घायल
Advertisement

Advertisement

पाकिस्तान से इराक जाए वाला शिया जायरीन के लेके जात एगो बस मध्य ईरान में मंगल के देर रात दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. बुध के दिने अधिकारी बतवले कि बस में सवार नाहियो तs 28यात्रीयन के मौत हो गइल आ 23 जने घवाहिल हो गइले. ईरान के सरकारी समाचार एजेंसी ‘आईआरएनए’ स्थानीय आपातकालीन सेवा के अधिकारी मोहम्मद अली मलाकजादे के हवाला से कहलसि कि ई दुर्घटना मंगल का देर रात मध्य ईरान के यजद प्रांत में भइल. मालकजादेह के मुताविक एs दुर्घटना में 23 यात्री घायल भईल बाड़े, जवना में से 14 लोग गंभीर रूप से घायल भईल बाड़े।

बस में 51 लोग रहले

इमरजेंसी सेवा के अधिकारी मोहम्मद अली मलकजादेह बतवले कि दुर्घटना के समय बस में कुल 51 लोग सवार रहले। इराक के ओर जात रहले जायरीन अरबईन जवन सातवीं सदी के एगो शिया पैगम्बर के शहादत के 40वां दिन कईल जाला।

Tags :
Advertisement