टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

28 अगस्त 2024 के राशिफल

09:47 AM Aug 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-28/08/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 01 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- बुध।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

वज्र जोग

सांझ के 07 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्धि योग ।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/08/2024

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 01 बजके 37 मिनट ले।

दिन- बियफे।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 04 बजके में 39 मिनट ले।

सिद्धि जोग

सांझ के 06 बजके 17 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कारोबार में घर के लोगन के सहजोग मिली। काम के क्षेत्र में लापरवाही मत बरतीं ना तs बॉस के डांट पड़ सकत बा। मन में संतोष के भाव पनप सकत बा। आर्थिक नुकसान हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परिवार में कवनो मांगलिक काम केके आयोजन हो सकेला। कारोबार में कवनो बड़ ऑफर मिल सकेला। धन लाभ संभव बा। आपन सेहत के खेयाल राखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन मिलल-जुलल रही। धार्मिक कामन में रुचि लेम। कवनो रुकल काम पूरा होई। वाहन सावधानी से चलाई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवन साथी के सेहत के खेयाल राखीं। ऑफिस में काम के अधिकता रही। आर्थिक स्थिति निम्मन रही। जिनगी में कवनो नाया संघतिया के आगमन हो सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आय के साधन भेंटी। पारिवारिक समस्या से चिंता में आ सकेनी। वित्तीय लाभ संभव बा। आज बनावल गइल नाया संपर्क भविष्य में काम आ सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने कवनो संघतिया से मुलाकात हो सकेला। दफ्तर में समे से काम पूरा कइला पs सराहना कइल जाई। सही योजना से आगा बढ़ब तs सकारात्मक बदलाव ले आ सकेनी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

सेहत निम्मन रही। काम के क्षेत्र में राउरे मोताबिक काम पूरा होई। पारिवारिक माहौल खुशनुमा रही। विदेस में नौकरी के ऑफर मिल सकेला।  कौशल विकास करीं। मरद-मेहरारू के बीचे कवनो बात के लेके मनमुटाव हो सकत बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिने बड़ खुसी मिल सकेला। कौशल विकास करीं। मरद-मेहरारू के बीचे कवनो बात के लेके मनमुटाव हो सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

घर में सुख शांति के माहौल रही। प्रेम जिनगी में असमंजस के स्थिति पैदा हो सकेला। अर्थिक लाभ हो सकत बा। आज के दिने बहुत जादे काम करे से बांची।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

दफ्तर में सहकर्मियन के सहजोग भेंटी। प्रेमी के संगे डेट पs जा सकेनी। मन के शांत राखे के कोसिस करीं। घर-परिवार खातिर समे निकाली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बिजनेस में बड़ डील हाथे लाग सकेला। प्रेमी के संगे समे बिताएम। स्वास्थ सामान्य रही। केहू के बुराई करे से बांची।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेयपारी लोग के लाभ मिली। नौकरीपेशा लोगन के ट्रांसफर हो सकेला। स्वास्थ ठीक रही। बुद्धि से कइल गइल काम सफल होई।

Tags :
astrologyastrology होरोस्कोपBhojpuri Newsbhojpuri rashifalHoroscopeRashifalrashifal in bhojpurirashifal राशिफलभोजपुरी राशिफलराशिफलराशिफल rashifalहोरोस्कोपहोरोस्कोप Astrology
Advertisement
Next Article