For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

उत्तर प्रदेश: 29 आईएएस अधिकारियन के तबादला, 13 जिलन के डीएम बदलल लो, विशाल भारद्वाज कुशीनगर के नया डीएम

08:58 AM Sep 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
उत्तर प्रदेश  29 आईएएस अधिकारियन के तबादला  13 जिलन के डीएम बदलल लो  विशाल भारद्वाज कुशीनगर के नया डीएम
कुशीनगर के नया डीएम होइहें विशाल भारद्वाज।
Advertisement

लखनऊ। उत्तर प्रदेश के योगी सरकार देर रात 29 आईएएस अफसरन के तबादला कs देलस। एमे 13 जिलन के डीएम बदलल गइल बा लो। प्रयागराज में रविंद्र कुमार मंदर के नया डीएम बनावल गइल बा। ऊ अभी जौनपुर में तैनात रहस। अरविंद मल्लपा बंगारी के आगरा के डीएम बनावल गइल बा। ऊ अभी मुजफ्फनगर में तैनात रहस। आजमगढ़ के डीएम विशाल भारद्वाज अब कुशीनगर के डीएम होइहें।

Advertisement

एकरा अलावे, कुशीनगर, मुजफ्फरनगर, फतेहपुर, शाहजहांपुर, जौनपुर, शामली, हमीरपुर, हाथरस, अमरोहा आ मैनपुरी के डीएम बदलल गइल बा। मैनपुरी, प्रयागराज आ मुजफ्फरनगर में उपचुनाव होखे वाला बा।

देर रात लखनऊ के डीएम सूर्यपाल गंगवार के तबादला होखे के खबर रहे। हालांकि, शासन अधिकारिक लिस्ट जारी ना कइलस। बाद में सबेरे जवन लिस्ट जारी कइल गइल, ओमे उनका तबादला के की खबर गलत निकलल।

रविंद्र मंडेर के मिलल इनाम, प्रयागराज के डीएम बनलें

जौनपुर के डीएम रविंद्र मंडेर के बड़ जिम्मेदारी मिलल बा। उनका के प्रयागराज के जिलाधिकारी बनावल गइल बा। जौनपुर से पहिले ऊ तीन साल तक रामपुर के डीएम रहलें। ऊ रामपुर में सपा नेता आजम खां के खिलाफ कइयन कार्रवाई कइल गइल रहे। रविंद्र के लगे अब प्रयागराज कुंभ 2025 करावे के खास जिम्मेदारी रही।

IAS रविंद्र सीएम योगी के विश्वसनीय अफसर मानल जाले। योगी उनका के सबसे महत्वाकांक्षी काम प्रयागराज कुंभ के सफल बनावे के जिम्मेदारी देले बाड़ें है। प्रयागराज के डीएम नवनीत चहल के आजमगढ़ के नया जिलाधिकारी बनावल गइल बा। जबकि जौनपुर में IAS दिनेश कुमार के भेजल गइल बा।

रविंद्र मंडेर योगी खातिर काहे बाड़ें खास, जानीं...

आजम खां के अयोग्य घोषित होखला के बाद रामपुर लोकसभा उप चुनाव भाजपा जीतले रहे। आजम खां के बेटा अब्दुल्ला आजम के अयोग्य घोषित होखला के बाद रामपुर जिला के स्वार सीट के उप चुनाव एनडीए में भाजपा के सहजोगी अपना दल (एस) चुनाव जीतले रहे। दुनो उप चुनाव के बेरा रविंद्र मंडेर रामपुर के डीएम रहस।

भानुचंद्र गोस्वामी राहत आयुक्त बनलें

आगरा के जिलाधिकारी भानुचंद्र गोस्वामी के राहत आयुक्त बनावल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि सरकार राहत आयुक्त जीएस नवीन के कामकाज से संतुष्ट ना रहे। एहिसे बाढ़ आ प्राकृतिक आपदन के बीच उनका में हटाके भानु चंद्र गोस्वामी के तैनात कइल गइल बा। आगरा में अरविंद बंगारी के भेजल गइल बा।

बरेली नगर निगम के आयुक्त निधि गुप्ता के अमरोहा के जिलाधिकारी बनावल गइल बा। फिरोजाबाद नगर निगम के आयुक्त घनश्याम मीणा के हमीरपुर के डीएम बनावल गइल बा। मीणा फिरोजाबाद विकास प्राधिकरण के वाइस चेयरमैन रहले। IAS रविंद्र सिंह फतेहपुर के जिलाधिकारी बनावल गइल बा। कुशीनगर के डीएम उमेश मिश्रा के मुजफ्फरनगर के जिलाधिकारी बनावल गइल बा। प्रयागराज विकास प्राधिकरण के वीसी अरविन्द चौहान के शामली के डीएम बनावल गइल बा।

Tags :
Advertisement