टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बीजापुर : CRPF कैंप पs बड़ नक्सली हमला, 3 जवान शहीद, 14 घायल

08:17 PM Jan 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

छत्तीसगढ़ के सुकमा-बीजापुर जिला के सीमावर्ती इलाका टेकलगुड़ेम गाँव में सीआरपीएफ कैंप पs नक्सली बड़हन हमला कs दिहले बाड़न। एह घटना में तीन जवान शहीद हो गइल बाड़े। एही बीच 14 जवान घायल हो चुकल बाड़े। घाही जवान के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। हमला के जानकारी मिलते सुरक्षा बल मउका पs पहुंच गईले। इलाका के घेराबंदी कs के हमलावर के तलाश शुरू कs देले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक सुकमा के जगरगुण्डा थाना क्षेत्र में नक्सली गतिविधि पs लगाम लगावे अवुरी इलाका के लोग के सहायता देवे खातीर सुरक्षा शिविर लगावल गईल। शिविर के बाद सीआरपीएफ के कोबरा जवान जोनागुड़ा-अलीगुड़ा इलाका में तलाशी अभियान चलावत रहले। तब नक्सली जवानन पs गोली चला दिहले।

एह दौरान सुरक्षा बल नक्सलियन के उचित जवाब दे दिहलस। सुरक्षा बल के बढ़त दबाव देख नक्सली जंगल के आड़ में भाग गईले। हालांकि ए मुठभेड़ में 3 जवान के बलिदान हो चुकल बा, जबकि 14 जवान घाही हो गईल बाड़े। घाही जवान के इलाज खातीर रायपुर भेजल गईल बा। फिलहाल उनुकर हालत खतरा से बाहर बतावल जाता।

 

 

Tags :
14 soldiers injured14 जवान घायल3 soldiers sacrificed3 जवान बलिदानBijapurCRPF कैंपNaxaliteNaxalite attackNaxalite attack in CRPF campनक्सलीनक्सली हमलाबीजापुर में नक्सली हमला
Advertisement
Next Article