टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

31 अगस्त 2024 के राशिफल

09:26 AM Aug 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिनांक-31/08/2024

Advertisement

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 03 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- सनीचर।

पुष्य नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

वरीयान जोग

दिन के 05 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ योग ।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/09/2024

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सबेरे के 05 बजके 22 मिनट ले।

दिन- अतवार

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 09 बजके 48 मिनट ले।

परिघ जोग

दिन के 05 बजके 49 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

साझेदारी में बेवसाय करे वाला लोगन के आज सावधानी राखे के जरूरत बा। खरचा बढ़ला से मन परेसान होई। बाबूजी के संगे चल रहल मनमुटाव के बातचीत कs के सुलझा लीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिने दूसर लोगन के मदद करेम। आज के दिने निवेश ना कइला में फायदा बा। जादे थकान होखला के कारण स्वास्थ पs नकारात्मक असर पड़ सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज मेहनत के मोताबिक लाभ मिली। कवनो वाहन के खरीददारी हो सकेला। काम में बेसी व्यस्त रहला के बावजूद घर वालन के संगे समे बितावे के मौका भेंटी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन मिलल जुलल रही। घर-परिवार में कवनो पार्टी के आयोजन हो सकेला। लोगन से मेल जोल के दौरान बोली पs संयम राखीं। बेवसायी लोगन के परिवार के साथ मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन अटकल धन वापस मिले से मन सांत होई। आर्थिक स्तिथि परेसान कs सकत बा। धार्मिक गतिविधियन में मन लागी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मन में कवनो काम के लेके संदेह होखे तs ओकरा के मत करीं। कन्या राशि के विद्यार्थियन के पढाई मेहनत करे के सलाह दिहल जात बा। काम के स्थल पs आ रहल परेसानियन के दूर करे खातिर वरिष्ठ अधिकारियन से बात करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

संतान के प्रति आपन जिम्मेदारी बखूबी निभावे में सफलता मिली। राजनीतिक क्षेत्र में कार्यरत लोगन के लाभ होई। अटकल काम पूरा होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन सुभ रही। लक्ष पs धेयान देला के जरुरत बा। काम के जगे पs मेहनत से कामयाबी मिली। आपन आमदनी के धेयान में राखिये के खरचा करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज पैतृक संपत्ति के लाभ मिल सकेला। सरकारी ममिलन से जुड़ल काम पूरा होई। कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन अनुकूल बा। काम के जगे पs सहकर्मियन के सहजोग से आपन छवि बेहतर बनावे में सफल रहब। घर में कवनो करीबी भा दोस्त के अइला से माहौल खुसनुमा होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिने रउआ समस्यन से छुटकारा मिली। लमहर समे से अटकल काम आज पूरा होई। विद्यार्थियन के आज कवनो सुभ समाचार सुने के मिल सकत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज कवनो नाया संपत्ति के खरीददारी कs सकत बानी। दफ्तर में अधिकारी रउआ से प्रसन्न रही लो। अनुभवी लोगन से बतकही कs के भविष्य से जुड़ल योजना बना सकत बानी।

Advertisement
Next Article