For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

उत्पाद विभाग के कार्रवाई में 35 लोग गिरफ्तार : शराब पिये आ तस्करी करे वाला धराइल लो, चेकपोस्ट आर अलग-अलग थाना क्षेत्रन में मारल गइल रेड

02:48 PM Jan 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
उत्पाद विभाग के कार्रवाई में 35 लोग गिरफ्तार   शराब पिये आ तस्करी करे वाला धराइल लो  चेकपोस्ट आर अलग अलग थाना क्षेत्रन में मारल गइल रेड
Advertisement

गोपालगंज जिला अलग-अलग थाना क्षेत्रन में शराब के खिलाफ उत्पाद विभाग के टीम विशेष अभियान चलाके कुल 35 लोगन के शराब पिये आ बेचे के ममिला में गिरफ्तार कइल गइल ना

Advertisement

गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्तन के खिलाफ उत्पाद विभाग उत्पाद अधिनियम के तहत दर्ज कs के विधि सम्मत कार्रवाई कइलस।

उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज

उत्पाद विभाग के टीम नोडल रेड के तहत कुल 35 लोगन के बलथरी चेकपोस्ट समेत अलग-अलग चेक पोस्ट के आलावे कइयन गो थाना क्षेत्रन में छापेमारी कs के गिरफ्तार कइले बिया। उत्पाद विभाग के एह कार्रवाई में शराब पिये के आरोप में 29 आ शराब बेचे के आरोप में छव गो आ कुल 35 आरोपियन के गिरफ्तारी अलग-अलग जगहन से कइले बा।

उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवलें कि नोडल रेड के तहत कुल 35 लोगन के गिरफ्तार कs के उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज कइल गइल बा। विधि सम्मत कार्रवाई कइल जा रहल बा। अभी अभियान लगातार जारी रही।

Tags :
Advertisement