टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gallantry Awards: 14 बलिदानी समेत 36 जवानन के मिलल कीर्ति चक्र आ शौर्य चक्र, राष्ट्रपति कइली सम्मानित

11:19 AM Jul 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सुक के राष्ट्रपति भवन में रक्षा अलंकरण समारोह (चरण-1) में सशस्त्र बलन, केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बलन आ राज्य आउर संघ शासित प्रदेश पुलिस के कर्मियन के 10 कीर्ति चक्र (सात मरणोपरांत) आ 26 शौर्य चक्र (सात मरणोपरांत) प्रदान कइल गइल। देस के रक्षा मेंं अदम्य साहस, बलिदान आ समर्पण देखावे वाला जवानन के राष्ट्रपति के ओर से सम्मानित कइल गइल। राष्ट्रपति भवन में आयोजित समारोह में ई सम्मान प्रदान कइल गइल। एह अवसर पs उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी समेत कइयन गो कैबिनेट मंत्री मवजूद रहे लो।

Advertisement

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू देस के रक्षा खातिर अपना प्राणन के परवाह कइले बिना सर्वोच्च बलिदान देवे वाले कैप्टन अंशुमान सिंह के मरणोपरांत कीर्ति चक्र से सम्मानित कइलें। कैप्टन अंशुमान सिंह पंजाब रेजीमेट के 26वीं बटालियन के आर्मी मेडिकल कोर्प्स में कार्यरत रहस।

एह लोगन के मिलल मरणोपरांत कीर्ति चक्र

इंस्पेक्टर दिलीप कुमार दास, हेड कांस्टेबल राज कुमार यादव, कांस्टेबल बबलू राभा, कांस्टेबल शंभू रॉय, सिपाही पवन कुमार, कैप्टन अंशुमान सिंह, हवलदार अब्दुल माजिद।

एह लोगन के मिलल मरणोपरांत शौर्य चक्र

कांस्टेबल सैफुल्ला कादरी, मेजर विकास भांभु, मेजर मुस्तफा बोहरा, राइफलमैन कुलभूषण मांता, हवलदार विवेक सिंह तोमर, राइफलमैन आलोक राव, कैप्टन एमवी प्रांजल।

कीर्ति चक्र

मेजर दिग्विजय सिंह रावत, मेजर दीपेंद्र विक्रम बासनेट आ नायब सूबेदार पवन कुमार यादव के कीर्ति चक्र से सम्मानित कइल गइल।

शौर्य चक्र

कांस्टेबल गमित मुकेश कुमार, सब इंस्पेक्टर अमित रैना, सब इस्पेक्टर फिरोज अहमद डार, कमांडेंट बिभोर कुमार सिंह, कांस्टेबल वरुण सिंह, पुलिस अधीक्षक मोहन लाल, मेजर राजेंद्र प्रसाद जाट, मेजर रवीन्द्र सिंह रावत, नायक भीम सिंह, मेजर सचिन नेगी, मेजर मानेओ फ्रांसिस, विंग कमांडर शैलेश सिंह, लेफ्टिनेंट बिमल रंजन बहेरा,हवलदार संजय कुमार, फ्लाइट लेफ्टिनेंट हरिकृष्ण जयन, कैप्टेन अक्षत उपाध्याय, नायब सूबेदार संजय कुमार, मेजर अनदीप जाखड़, परसोत्तम कुमार के शौर्य चक्र से सम्मानित कइल गइल।

Tags :
36 Soldiers AwardedBhojpuri NewsGallantry AwardsKriti ChakraPresident Draupadi MurmuShaurya chakra
Advertisement
Next Article