टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

AI मंगल ग्रह प रहे के बारे में 4 चिंता जतवलख, बाकी एलान मस्क दावा कइले कि शहर में बस 20 साल में बसल हो जाई!

01:52 PM May 19, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

गूगल के नयकी जेमिनी बोट मंगल ग्रह प रहे खातीर चार चरण के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा। एकरा बाद मशहूर उद्योगपति आ स्पेस के मालिक मशहूर उद्योगपति आ स्पेसएक्स कंपनी के मालिक एलान मस्क मंगल ग्रह प इंसान के बसावे के कोशिश के लेके एगो बड़ दावा कइले बाड़े। उनकर कहनाम बा कि अगिला 20 साल में मंगल ग्रह प मानव बस्ती के स्थापना होई आ 30 साल में उहाँ एगो सभ्यता भी पनप जाई। मस्क के ई दावा हालही में गूगल के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस बॉट जेमिनी के ओर से जारी “चार चिंता” जतवला के बाद भइल बा, जबकि स्पेसएक्स के मालिक अपना एक्स प्लेटफॉर्म प एगो ट्वीट के जवाब देत घोषणा कइले कि, “हमनी के मंगल ग्रह प उतरे में अभी कुछ साल दूर बानी। 52 साल के इ उद्यमी कहले कि, “बिना चालक दल के लोग खातीर 5 साल से भी कम, जमीनी लोग खातीर 10 साल से कम, शायद 20 साल में शहर होई, बाकी 30 साल में सभ्यता जरूर होई ।

Advertisement

मस्क कवनो बात के विस्तार से ना बतवले। ध्यान देवे वाला बात बा कि हाल ही में गूगल के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस बॉट मंगल ग्रह प जीवन खातीर चार स्टेप के गाइडलाइन तैयार कइले बा। बाकिर मंगल ग्रह पर रहला से पैदा होखे वाला एह चिंता के मस्क चुनौती ना दिहलन ।

गूगल के एह सॉफ्टवेयर में चार गो मुख्य चिंता साझा कइल गइल बा जवना पर मनुष्य के ध्यान देबे के जरूरत बा अगर ऊ मंगल ग्रह पर जिए के चाहत बा । सबसे पहिले उहाँ आवास के समस्या के समाधान कइल बा। मंगल एगो उजड़ल दुनिया ह जवना में ठंडा, सूखा आ पातर वातावरण बा। मतलब कि सांस लेवे लायक हवा ना होला आ उच्च तापमान के साथे-साथे सूरज से आवे वाला हानिकारक विकिरण के लगातार बमबारी भी होला।

Tags :
astrologyBhojpuri Newsbhojpuri rashifalbihar newseducation newsgorakhpur newsLatest TechnologyTechnology Newstechnology news in bhojpuritop news
Advertisement
Next Article