For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर से 4 ट्रेन भइल री-शेड्यूल....4 के रूट डायवर्जन: NE रेलवे के बुढ़वल- सीतापुर रेलखंड पs दोहरीकरण आ ऐशबाग में गर्डर लगावे के चल रहल बा काम

12:52 PM Oct 11, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर से 4 ट्रेन भइल री शेड्यूल    4 के रूट डायवर्जन  ne रेलवे के बुढ़वल  सीतापुर रेलखंड पs दोहरीकरण आ ऐशबाग में गर्डर लगावे के चल रहल बा काम
Advertisement

उत्तर रेलवे के लखनऊ मण्डल के जौनपुर-जौनपुर सिटी स्टेशन के कॉर्ड लाइन के नॉन-इण्टरलॉकिंग के काम होखला के चलते गोरखपुर से चले वाला कुछ ट्रेनन के रूट डायवर्जन कs के चलावल जाई। ओहिजा ऐशबाग-लखनऊ सिटी स्टेशनन के बीच गर्डर लगावल जाई। एकरा वजह से कुछ ट्रेनें रूट डायवर्जन आ री-शेड्यूल कs के चलावल जाई।

Advertisement

एह ट्रेनन के रूट डायवर्जन कs के चलावल जाई 

  •  लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 16, 18, 20, 22, 23, 25 आ 27 अक्टूबर के चले वाली 11055 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग फाफामऊ-जंघई- मड़ियाहूं-जफराबाद-जौनपुर-शाहगंज के जगह परिवर्तित मार्ग फाफामऊ-जंघई- वाराणसी जं.-वाराणसी सिटी- औंड़िहार के रास्ते चलावल जाई।
  • गोरखपुर से 17, 18, 20, 22, 24, 25 आ 27 अक्टूबर के चले वाली 11056 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग शाहगंज- जौनपुर- जफराबाद- मड़ियाहूं- जंघई- फाफामऊ के स्थान पs परिवर्तित मार्ग औंड़िहार-वाराणसी सिटी- वाराणसी जं.-जंघई-फाफामऊ के रास्ते चलावल जाई।
  • ट्रेन नंबर 22534 यशवन्तपुर-गोरखपुर एक्सप्रेस 13 अक्टूबर के परिवर्तित मार्ग मानकनगर-लखनऊ-मल्हौर के रास्ते चलावल जाई।
  • ट्रेन नंबर 15046 ओखा- गोरखपुर एक्सप्रेस 17 अक्टूबर के परिवर्तित मार्ग मानकनगर- लखनऊ- मल्हौर के रास्ते चलावल जाई।

ई ट्रेन होइहें सs रि-शेड्यूल

  • ट्रेन नंबर 12532 लखनऊ जं.-गोरखपुर एक्सप्रेस 13, 14 आ 15 अक्टूबर के लखनऊ जं. से 35 मिनट आ 20 अक्टूबर के 85 मिनट रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।
  • ट्रेन नंबर 15070 ऐशबाग-गोरखपुर एक्सप्रेस 13, 14 आ 15 अक्टूबर के ऐशबाग से 25 मिनट आ 20 अक्टूबर के 80 मिनट रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।
  • ट्रेन नंबर 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 13, 14 आ 15 अक्टूबर के लखनऊ जं. से 105 मिनट आ 16, 17, 18 आ 19 अक्टूबर के 145 मिनट जबकि 20 अक्टूबर के रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।
  • ट्रेन नंबर 22531 छपरा- मथुरा एक्सप्रेस 13 अक्टूबर के छपरा से 205 मिनट आ 16, 18, 20 अक्टूबर के रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।
Tags :
Advertisement