टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

डीडीयू: UGC के क्रेडिट-फ्रेमवर्क पs संचालित होई 4 ईयर ग्रेजुएशन प्रोग्राम: विद्या परिषद के मीटिंग में लिहल गइल कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला, सेंटर फॉर डिस्टेंस एजुकेशन के होई स्थापना

09:58 AM Jan 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में बुध के भइल विद्या परिषद के मीटिंग में कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला लिहल गइल। एमे UGC के गाइडलाइन के मोताबिक नया एजुकेशन पॉलिसी में PHD डिग्री देवे के मापदंड आ प्रक्रिया के आवश्यक संसोधन के मंजूरी दिहल गइल। अब एकरा के 1 फरवरी के होखे वाला कार्य परिषद के मीटिंग में फाइनल अप्रूवल खातिर रखल जाई।

Advertisement

एह दौरान कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन कहली कि UGC 2022 के रेगुलेशन के अपनावल गइल बा। यूनिवर्सिटी आ कॉलेजन में पढ़ावे वाला टीचर्स के PHD खातिर डिपार्टमेंट के ओर से अनुकूल टाइम-टेबल बनाके शोध करे के सहूलियत दिहल जाई।

संगही अब यूनिवर्सिटी ड्यूल डिग्री, जॉइंट डिग्री प्रोग्राम खातिर देस के आउर यूनिवर्सिटीज आ बिदेसी यूनिवर्सिटीज के बीच करार खातिर बनावल गइल पॉलिसी के अप्रूवल दिहल गइल। अगिला सत्र से यूनिवर्सिटी में 4 ईयर ग्रेजुएशन प्रोग्राम के विद्या परिषद के स्वीकृति मिलल जवन UGC के क्रेडिट फ्रेमवर्क के मोताबिक होई।

यूनिवर्सिटी में स्थापित होई सेंटर फॉर आनलाइन एंड डिस्टेंस एजुकेशन

यूनिवर्सिटी में सेंटर फॉर आनलाइन एंड डिस्टेंस एजुकेशन स्थापित होई। एकरा खातिर विद्या परिषद आपन सहमति दे देले बा। कुलपति कहली कि ई यूनिवर्सिटी के एगो महत्वपूर्ण केंद्र होई। हमनी UGC के कैटगरी 1 यूनिवर्सिटी के श्रेणी में आवे खातिर प्रयासरत बानी सs। एकरा से हमनी के कइयन ममिलन में आत्मनिर्भरता मिली। मीटिंग में भारतीय ज्ञान परंपरा अध्ययन केंद्र आ भारतीय भाषा संवर्धन केन्द्र स्थापित करे पs सहमति बनल।

अयोध्या अध्ययन केंद्र पs विद्या परिषद के मुहर

प्राचीन इतिहास आ मध्यकालीन इतिहास विभाग के तहत अयोध्या अध्ययन केंद्र स्थापित कइल जाए पs विद्या परिषद के मुहर लाग गइल बा। विद्या परिषद के सदस्यन के इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी फैकल्टी के तहत इंस्टिट्यूट ऑफ फार्मेसी में पांच गो डिपार्टमेंट के संचालित करे के फैसलन के बारे में बतावल गइल, जवना पs अगिला मीटिंग में निर्णय लेवे के सहमति बनल। एकरा संगही रैंकिंग सेल आ एग्रीकल्चर फैकल्टी के संस्तुतियन के सहमति दे दिहल गइल बा।

Tags :
4 Year Bachelor DegreeAyodhya CenterBhojpuri NewsCenter for Distance LearningDduDeen dayal upadhyay gorakhpur universityVidhya Parishad Meeting
Advertisement
Next Article