For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ताइवान में 6.3 तीव्रता के भूकंप :6 घंटा में 80 झटका महसूस कइल गइल; चीन-जापान आ फिलिपींस में कांपल धरती

12:11 PM Apr 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ताइवान में 6 3 तीव्रता के भूकंप  6 घंटा में 80 झटका महसूस कइल गइल  चीन जापान आ फिलिपींस में कांपल धरती
Advertisement

ताइवान में एह महीना बाद फेर से बड़ भूकंप आइल। देस के पूर्वी तट पs सोमार के सांझ पांच बजे से रात 12 बजे के दौरान 80 से जादे बेर झटका महसूस कइल गइल। एमे सबसे जादे तीव्रता 6.3 आ 6 दर्ज कइल गइल। भारतीय समय के मोताबिक, ​ई दुनो झटका रात 12 बजे के आसपास कुछ मिनट के अंतराल पs आइल। ताइवान में तब रात के 2:26 आ 2:32 बजे भइल रहे। 

Advertisement

मौसम विभाग बतवलस कि भूकंप के केंद्र पूर्वी काउंटी हुलिएन में धरती से 5.5 किलोमीटर नीचे रहे। भूकंप के कारण हुलिएन में दुगो इमारतन के नुकसान पहुंचल बा। एमे एगो बिल्डिंग ढह गइल, तs दूसरका सड़क के ओर झुक गइल। जापान, चीन आ फिलिपींस में हल्का झटका महसूस कइल गइल फिलहाल कवनो नुकसान के खबर नइखे।

भूकंप के दु जोरदार झटकन से टोंग शुआई बिल्डिंग के निचिला हिस्सा पूरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल।

3 अप्रिल के आइल भूकंप में 14 लोगन के मौत भइल रहे

एकरा पहिले ताइवान में तीन अप्रिल के 7.5 तीव्रता के भूकंप आइल रहे, एमे करीब 14 लोगन के मौत हो गइल रहे। ओहू समय भूकंप हुलिएन शहर में आइल रहे। एकर केंद्र धरती से 34 किलोमीटर नीचे रहे।

भारतीय समय के मोताबिक सबेरे 5:30 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। कइयन गो इमारत जमींदोज हो गइल, लैंड स्लाइडो भइल। तब से अब ले ताइवान में सइयन से बेसी झटका महसूस कइल गइल बा।

ताइवानी सेंट्रल वेदर ब्यूरो के मोताबिक, ई ताइवान में 25 साल में आवे वाला सबसे तेज तीव्रता वाला भूकंप रहे। फायर डिपार्टमेंट बतवलस कि हुलिएन में तीन अप्रिल के आइल भूंकप में क्षतिग्रस्त भइल होटल ताजा झटकन के कारण तनिका आउर झुक गइल बा।

टेक्टोनिक प्लेटन के जंक्शन पs बसल बा ताइवान

ताइवान दुगो टेक्टोनिक प्लेटन के जंक्शन पs बसल देस  बा। जवन भूकंप के लिहाज से सेंसिटिव मानल जाला। 2016 में दक्षिणी ताइवान में आइल भूकंप में 100 से जादे लोग मारल गइल रहे। एकरा पहिले 1999 में 7.3 तीव्रता के भूकंप में 2,000 से जादे लोग मारल गइल रहे।

दुनिया में हर साल 20 हजार भूकंप आवेला 

हर साल दुनिया में कइयन गो भूकंप आवेला, बाकिर एकर तीव्रता कम होला। नेशनल अर्थक्वेक इंफॉर्मेशन सेंटर हर साल करीब 20,000 भूकंप रिकॉर्ड करेला। एमे से 100 भूकंप अइसन होला जेमे नुकसान जादे होला। भूकंप कुछ सेकेंड भा कुछ मिनट तक रहेला। अब तक के इतिहास में सबसे जादे देर तक रहे वाला भूकंप 2004 में हिंद महासागर में आइल रहे। ई भूकंप 10 मिनट तक रहल रहे।
Tags :
Advertisement