For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

फिलीपींस में 6.7 तीव्रता के भूकंप, जानीं कइसन बा हालात

08:22 AM Aug 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
फिलीपींस में 6 7 तीव्रता के भूकंप  जानीं कइसन बा हालात
Advertisement

Advertisement

फिलीपींस के मिंडानाओ द्वीप के पूर्वी तट पs शनिचर के दिने भूकंप के झटका महसूस भइल. भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 6.7 रहल। जर्मन रिसर्च सेंटर फॉर जियोसाइंसेज (जीएफजेड) के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ई भूकंप के केंद्र जमीन से 10 किमी (6.21 मील) गहिराई पs बा। अमेरिकी भूबिज्ञान सर्वेक्षण के अनुसार भूकंप के तीव्रता 6.8 रहल। अमेरिकी राष्ट्रीय सुनामी चेतावनी केंद्र के कहल बा कि एह भूकंप से सुनामी के कवनो खतरा नइखे.

फिलीपींस के भूकंप विज्ञान एजेंसी PHIVOLCS के कहना बा कि एह भूकंप से कवनो नुकसान होखे के उमेद नइखे बाकिर ओकरा बाद के झटका के चेतावनी दिहल गइल बा. फिलीपींस प्रशांत महासागर के "रिंग ऑफ फायर" में बाटे, जहाँ ज्वालामुखी गतिविधि आ भूकंप आम बा।

फिलीपींस में बड़ भूकंप के डर

फिलीपींस में हमेशा से भूकंप आवत रहल बा, बाकिर उहाँ के लोग के डर बा कि कवनो बड़ भूकंप आई, जवना से बहुत संख्या में लोग के मउत हो जाई अवुरी देश तबाह हो जाई। इहाँ कई पीढ़ी से बड़का भूकंप के कहानी चलत आवता। जापान के जइसन फिलीपींस में अइसन कवनो घर नइखे जवना पs भूकंप प्रभावित ना होखे भा एकर असर बहुते कम होखे. एकरा बावजूद इहाँ के लोग भूकंप अवुरी ज्वालामुखी विस्फोट के आदत पड़ गईल बा। एही कारण से रिक्टर पैमाना पs तीव्रता 6 से जादा होखला के बावजूद उहाँ कवनो नुकसान ना भईल। भारत जइसन देश जहाँ भूकंप के खतरा अपेक्षाकृत कम होला। 6 तीव्रता के भूकंप से इहाँ बहुत तबाही हो सकता।

Tags :
Advertisement