टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पंजाब में पराली जरावे के 634 नया मामिला, पुलिस एक हजार से जादा FIR कइलस दर्ज

07:37 AM Nov 21, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पंजाब में लगातार पराली जरे के मामिला सामने आ रहल बा। सोमवार के पराली जरावे के 634 मामिला सामने आईल। किसान के पराली जरावे से रोके के पुलिस के ओर से लगातार प्रयास के बावजूद राज्य के बहुत इलाक में इs रुझान जारी बा। पंजाब पुलिस के कहना बा कि 8 नवंबर से किसानन के पराली जरावे के खिलाफ 1084 प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा आ 7990 मामिला में 1.87 करोड़ रुपिया के जुर्माना भी लगावल गइल बा।

पराली के मामिला में 28.8 फीसदी के गिरावट 

एकरा बारे में पुलिस विशेष महानिदेशक (कानून व्यवस्था) अर्पित शुक्ला कहले कि पराली जरला के रोके खातीर पुलिस के लगातार प्रयास के बावजूद 634 मामिला दर्ज भईल। दिवाली के बाद इs सबसे कम संख्या बा। पराली जरला पs नजर राखे खातिर शुक्ला के पुलिस के नोडल अधिकारी नियुक्त कइल गइल बा। उ कहले कि, "इ लगातार तीसरा दिन बा जब राज्य में पराली जरे के मामिला में कम से कम 28.8 प्रतिशत के काफी गिरावट दर्ज भईल बा। " शुक्ला कहले कि पंजाब में शनिवार के 637 अवुरी 637 मामला पराली जरे के मामिला दर्ज भईल अवुरी... अतवार के क्रमशः 740 मामिला दर्ज भईल।

संगरूर में सबसे अधिक संख्या में केस दर्ज

पुलिस विशेष महानिदेशक बतवले कि सोमवार के पराली जरावे के 634 मामिला में सबसे जादा मामिला फाजिल्का में दर्ज भईल बा। अधिकारी बतवले कि फाजिल्का में 168, मोगा में 98, फिरोजपुर में 97, मुक्तसर में 62 आ बठिंडा में 55 मामिला दर्ज भईल बा। जबकि 2021 अवुरी 2022 में राज्य में ए दिन क्रमशः पराली जरे के 283 अवुरी 368 मामिला दर्ज भईल। पंजाब रिमोट सेंसिंग सेंटर के आंकड़ा के मुताबिक, ताजा मामिला के संगे 15 सितंबर से 20 नवंबर तक पराली जरे के कुल मामिला बढ़ के 35,0931 हो गईल बा। पराली जरला के कुल मामिला में सबसे जादा संगरूर में मामिला सामने आईल बा। संगरूर में 5,546, फिरोजपुर में 3,264, बठिंडा में 2,863, मोगा में 2,515 आ बरनाला में 2,226 मामिला दर्ज भइल बा।

 

 

 

 

 

Tags :
PunjabPunjab PoliceStubbleStubble Burning
Advertisement
Next Article