For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

68th BPSC Result: बिहार 68वीं परीक्षा में 322 उम्मीदवार सफल, प्रियांगी मेहता कइली टॉप, देखीं Toppers List

10:11 AM Jan 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
68th bpsc result  बिहार 68वीं परीक्षा में 322 उम्मीदवार सफल  प्रियांगी मेहता कइली टॉप  देखीं toppers list
Advertisement

बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) कावर से जारी अधिसूचना के मोताबिक एह परीक्षा में पटना के प्रियांगी मेहता (रोल नंबर 529411) टॉप कइले बाड़ी। इनकर चयन राजस्व अधिकारी पद खातिर भइल बा। योग्यता सूची में जहानाबाद के अनुभव (रोल नंबर 272450) के दूसरा स्थान प्राप्त भइल बा आ इनकर चयन सब रजिस्ट्रार/ ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार खातिर भइल बा।

Advertisement

बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) 68वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के अंतिम परीक्षाफल घोषित कs देले बा। आयोग कावर से नतीजन के घोषणा सोमार 15 जनवरी 2024 के कइल गइल। एकरा संगही बीपीएससी घोषित कुल 324 रिक्तियन के सापेक्ष 322 उम्मीदवारन के अलग-अलग राज्य संवर्ग/सेवा में नियुक्ति ) खातिर सफल घोषित कइले बा। पदन के अनुसार चयनित उम्मीदवारन के सूची, रोल नंबर आ योग्यता सूची में स्थान (68th BPSC Result Toppers List) जारी कs दिहल गइल बा।

अइसन में जे उम्मीदवार बिहार 68वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के अंतिम चरण में सम्मिलित भइल रहे, ऊ आपन परिणाम BPSC कावर से सफल घोषित उम्मीदवारन के सूची में देख सकत बा। संगही, आयोग कावर से जारी अधिसूचना के मोताबिक एह परीक्षा में पटना के प्रियांगी मेहता (रोल नंबर 529411) टॉप कइले बाड़ी। इनकर चयन राजस्व अधिकारी पद खातिर भइल बा।

एही तरे, योग्यता सूची में जहानाबाद के अनुभव (रोल नंबर 272450) के दूसरका स्थान प्राप्त भइल बा आ इनकर चयन सब रजिस्ट्रार/ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार खातिर भइल बा। दूसरका ओर, योग्यता सूची में तीसरका स्थान प्रेरणा सिंह (रोल नंबर 395137) के मिलल बा आ इनकर सेलेक्शन बिहार पुलिस सर्विस (डिप्टी सुप्रींटेंडेंट ऑफ पुलिस) खातिर भइल बा।

68th BPSC Result Toppers List: ई उम्मीदवार बानवल लोग टॉप 5 में जगह

रैंकरोल नंबरउम्मीदवारपद का नाम
1529411प्रियांगी मेहताराजस्व अधिकारी
2272450अनुभवसब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार
3395137प्रेरणा सिंहडिप्टी सुप्रींटेंडेंट ऑफ पुलिस
4525541अंजली जोशीसब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार
5212106सौरव रंजनसब रजिस्ट्रार / ज्वाइंट सब रजिस्ट्रार

Tags :
Advertisement