टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना में सड़क हादसा में 7 लोगन के मउत

12:42 PM Apr 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

मंगर के सबेरे पटना में एगो बड़ हादसा हो गईल। एह हादसा में 7 लोग के मउत हो चुकल बा। एक आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल बा। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। राजधानी पटना के कंकड़बाग थाना क्षेत्र के रामलखन पथ के घटना हs। जानकारी के मुताबिक एगो ऑटो बेकाबू होके मेट्रो खाती काम करत क्रेन से टकरा गईल।

Advertisement

दुर्घटना एतना भयावह रहे कि 7 लोग के मउका पs मउत हो गईल, जबकि एक आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल बा, जेकरा के इलाज खातीर अस्पताल भेज दिहल गईल बा। दुर्घटना के बाद पुलिस मउका पs पहुंचल बिया अवुरी मामिला के जांच में व्यस्त बिया।

बतावल जाता कि सबेरे करीब 3.44 बजे मिठापुर से जीरोमाइल के ओर एगो ऑटो जात रहे। क्रेन मेट्रो के काम खातिर खंभा उठावत रहे। जइसहीं ऑटो क्रेन के लगे आईल, ओकरा से टकरा गईल। ऑटो में 8 लोग रहले, जवना में से 4 लोग के मउका पs मउत हो गईल। इलाज के दौरान 3 लोग के मउत हो गईल। एगो घायल बा, जेकर हालत गंभीर बा। मरेवाला लोग में चार पुरुष अवुरी तीन महिला शामिल बाड़ी। सब रोहतास, नेपाल, मुजफ्फरपुर, मधुबनी आ वैशाली से बा। 7 मरेवाला लोग के शव के पोस्टमार्टम खातीर पीएमसीएच ले आवल गईल बा। पोस्टमार्टम हो रहल बा।

 

 

Tags :
7 people died in a road accident in PatnaAccident NewsPatna NewsRoad accident in Patnaदुर्घटना न्यूज़पटना न्यूज़पटना में सड़क हादसा
Advertisement
Next Article