टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

होली पs 70 अतिरिक्त बस चला यात्रियन के सुविधा देवे खातिर परिवहन निगम कसलस कमर, लखनऊ रूट पs चली सबसे जादे बस

09:23 PM Mar 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

होली पs यात्रियन खातिर बस के कमी ना होखे, एकरा खातिर रोडवेज एक हफ्ता ले रोजाना अतिरिक्त बसन के चलावे के निर्णय लेले बा। होली के दौरान गोरखपुर परिवहन निगम के ओर से विशेष तइयारी कइल गइल बा। 25 मार्च से दु अप्रिल तक परिवहन विभाग के ओर से 70 गो अतिरिक्त बस चलावल जाई।

Advertisement

गोरखपुर रीजन के क्षेत्रीय प्रबंधक लव कुमार सिंह बतवलें कि 20 गो अतिरिक्त बस गोरखपुर-दिल्ली मार्ग पs चलावल जा रहल बा। एही तरे 25 गो अतिरिक्त बस गोरखपुर-अयोध्या-लखनऊ मार्ग पs चली। ई बस दु अप्रिल तक चलावल जइहें सs।

एकरा खातिर चालकन आ परिचालकन के निरदेस जारी कs दिहल गइल बा। सब चालक-परिचालकन के छुट्टियन के रद्द कs दिहल गइल बा। आरएम कहलें कि संचालन में कवनो तरे के लापरवाही बर्दाश्त ना कइल जाई। एकरा खातिर अतिरिक्त प्रोत्साहन राशि दिहल जाई।

बसन के फेरा बढ़ावल गइल 

• गोरखपुर-लखनऊ मार्ग पs 25 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-दिल्ली मार्ग पs 20 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-कानपुर मार्ग पs 9 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर- वाराणसी मार्ग पs 6 अतिरिक्त टिप।

• गोरखपुर-जौनपुर-प्रयागराज मार्ग पs 5 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-ठूठीबारी मार्ग पs 5 अतिरिक्त ट्रिप।

Tags :
70 additional buses run on Holi Transport Corporation tightens waist to facilitate passengersExtra BusesHoli FestivalHuge Relief to passengersLucknow route will run the most busesRoadways buses
Advertisement
Next Article