टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जानवर के शिकार करे जा रहल 8 बदमाश अरेस्ट: गोपालगंज में एगो बंदूक आ दुगो जिंदा कारतूस जब्त

11:45 AM Sep 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
पुलिस के साथ गिरफ्तार बदमाश।
Advertisement

गोपालगंज के विशंभरपुर थाना क्षेत्र के काला मटिहनिया गांव के लगे पुलिस गुप्त सूचना के आधार पs आठ जुवकन के हथियार के संगे गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल जुवकन के पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। ऊ पुलिस के बतवलें कि ई दियारा इलाका में जानवर के शिकार करे जात रहे।

Advertisement

गिरफ्तार अभियुक्तन में जादोपुर थाना क्षेत्र के रामपुर टेंगराही गांव निवासी हुसैन मियां के बेटा शमसे आलम, नाजिम मियां के बेटा महम्मद मुस्तफा, शौकत अली के बेटा कौशर अली, फिरोज आलम के बेटा सफी आलम आ विशंभरपुर थाना क्षेत्र के दुर्ग मटिहनियां गांव निवासी अब्बु अहमद के बेटा सजरे आलम, अकबर अली के बेटा अजमान हुसैन, भोला मियां के बेटा राबुल अंसारी, अफताब आलाम के बेटा मासुम राजा सामिल बा लो।

गुप्त सूचना के आधार पs पुलिस कार्रवाई कइलस 

विश्वमभरपुर थानाध्यक्ष मनोज कुमार बतवलें कि गुप्त सूचना मिलल रहे कि कुछ जुवक हथियार के संगे काला मटिहानीया के लगे मवजूद बा। प्राप्त सूचना के आधार पs तत्काल एगो टीम के गठन कइल गइल। गठित टीम मवका पs पहुंच के छापेमारी करत आठ जुवकन के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। एकरा लगे एगो बंदूक आ दुगो जिंदा कारतूस बरामद कइले बा। पूछताछ के दौरान जुवक बतवलस कि सब जुवक शिकार करे जा रहल बा।

Tags :
8 Miscreants ArrestedBhojpuri NewsGopalganj newsGopalganj PolicePeople Going to Hunt Animals Arrested
Advertisement
Next Article