टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली में भरभरा के गिरल इमारत, दहल गइल इलाका 

06:43 PM Aug 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

राजधानी दिल्ली के मॉडल टाउन इलाका में आजु दुपहरिया में एगो दुखद दुर्घटना भइल. आजु दुपहरिया में एहिजा एगो भवन गिर गइल. बतावल जा रहल बा कि इहाँ एगो पुरान भोजशाला रहे, जवन जर्जर हालत में रहे। मिलल जानकारी के मुताबिक भवन में तीन मजदूर काम करत रहले, जवन कि मलबा के नीचे दफन हो गईले। घटना के जानकारी मिलला के बाद राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs दिहल गईल। एनडीआरएफ समेत कई टीम मौका पs पहुंच गईल। भवन में काम करे वाला तीनों मजदूर के कवनो तरीका से बचावल गईल, जवना के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घाही लोग में दु जने मामूली घायल बाड़े, जबकि एक जने गंभीर रूप से घाही बाड़े। पुलिस के मुताबिक अवुरी केहु के दबे के कवनो खबर नईखे।

घटना के बाद दुर्घटना के वीडियो भी सामने आईल बा। भवन गिरला के बाद वीडियो में मलबा देखल जा सकता। पास में स्थानीय लोग भी जुट गईले। स्थानीय लोग के कहत बाड़े कि अयीसन लागल जईसे भूकंप आईल बा। केहु कहलस कि भवन गिरला के बाद हर जगह धुआं निकलत रहे, उs लोग के लागल कि कहीं आग लाग गईल बा। जब स्थानीय लोग बाहर आके देखले तब स्थिति साफ हो गईल। दुर्घटना के बाद एनडीआरएफ अवुरी बाकी टीम राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs देले बिया।

 

 

 

Tags :
Accident NewsBuilding CollapsedBuilding collapsed in DelhidelhiDelhi news
Advertisement
Next Article