टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मधु विहार के पार्किंग एरिया में लागल भीषण आग, 17 गो गाड़ी जर के भइल खाक

09:38 AM May 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

दिल्ली के एगो इलाका से बड़ खबर आ रहल बा। इहाँ के पार्किंग क्षेत्र में देर रात भारी आग लाग गईल, जवना के चलते बहुत गाड़ी जर गईल। घटना के सूचना मधु विहार से मिल रहल बा। बतावल जाता कि देर रात मधु विहार इलाका के पार्किंग में भारी आग लाग गईल। लोग दमकल विभाग के एह बारे में जानकारी दिहले। दमकल विभाग के मुताबिक आग एतना तेज रहे कि करीब 17 गाड़ी जर गईल।

 

मिलल जानकारी के मुताबिक पूर्वी दिल्ली के मंडावली थाना के नजदीक पार्किंग में रात के एक बजे आग लाग गईल, ओकरा बाद लोग फायर ब्रिगेड के सूचना देले। जवना के बाद फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs पहुंच गईल। फायर ब्रिगेड के मुताबिक आग अतना भयावह रहे कि मउका पs 9 गाड़ी के बोलावे के पड़ल। दमकलकर्मी सूचना मिलला के बाद मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेलस।

लोग जानकारी देले

दमकल अधिकारी के मुताबिक, लोग 1:17 बजे विभाग के सूचना देले। विभाग के गाड़ी तुरंत मौका पs पहुंच गईल। बतावल जाता कि मंडावली थाना सरस्वती कुंज अपार्टमेंट के नजदीक पार्किंग में आग लाग गईल। इहाँ खड़ा 17 गाड़ी के जर के राख हो गईल। 9 गो फायर टेंडर से आग पs काबू पा लिहल गइल बा। फिलहाल एs दुर्घटना में कवनो जानमाल के नुकसान नईखे भईल। अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल कि आग कईसे लागल, आगे के जांच जारी बा।

 

 

Tags :
delhifireMadhu VihaParking Lot
Advertisement
Next Article